विज्ञापन

बलिया ब्लॉक प्रमुख चुनाव अपडेट : बैरिया, मुरलीछपरा सहित 5 ब्लॉक में निर्विरोध निर्वाचन तय, बाकी 12 ब्लॉक में कांटे के टक्कर के संभावना।

बलिया ब्लॉक प्रमुख चुनाव अपडेट : बैरिया, मुरलीछपरा सहित 5 ब्लॉक में निर्विरोध निर्वाचन तय, बाकी 12 ब्लॉक में कांटे के टक्कर के संभावना।

बलिया : 17 ब्लाकन में क्षेत्र पंचायत प्रमुख पद के दावेदार लोग बियफे के नामांकन दाखिल कइले, एकरा बाद हर ब्लाक के चुनावी तस्वीर साफ हो गईल। जिला के बैरिया, बेरूआरबारी, दुबहड़, गड़वार अउरी मुरलीछपरा में एक-एक नामांकन पत्र दाखिल होखला से ईहां निर्विरोध निर्वाचन तय हो गईल बा। बैरिया में मधु सिंह, बेरूआरबारी में भोला सिंह, दुबहड़ में रीता सिंह, गड़वार में अतुल प्रताप सिंह अउरी मुरलीछपरा में कन्हैया सिंह नामांकन पत्र दाखिल कईल लोग। एहिजा विपक्ष में अन्य कवनो भी उम्मीदवार नामांकन ना कइले।

एकरा अलावा जिला के 12 ब्लाकन में कांटे के जंग होखेके संभावना बा। शुक्रवार के नाम वापसी के दिन बा। संभव बा कि कुछ अउरी ब्लाकन में भी जंग एकतरफा हो जाउ। जनपद में 17 ब्लाकों में कुल 1441 क्षेत्र पंचायत सदस्य बाद। दस जुलाई के ब्लाक प्रमुख के चुनाव बा, जवना के लेके सभ दावेदार जोड़-तोड़ के रणनीति में जुट गईल बाड़े।

Post a Comment

0 Comments