विज्ञापन

सारण : मांझी क्षेत्र में मिलल अज्ञात शव, मचल सनसनी।

सारण : मांझी क्षेत्र में मिलल अज्ञात शव, मचल सनसनी।

जिला के मांझी थाना क्षेत्र के मुबारकपुर कोठी के समीप स्थित चंवर से बियफे के शाम मांझी पुलिस एगो अज्ञात शव बरामद कइलस। हालांकि समाचार लिखल जाए तक शव के पहचान नइखे हो सकल। मिलल जानकारी के अनुसार मुबारकपुर चंवर में अज्ञात शव के ग्रामीण लोह बरसात के पानी में उतरात देखल लोग। पानी मे उतरात शव देखला के खबर पूरा गांव में आग के तरह फईल गईल। ग्रमीण लोग एकर सूचना पुलिस के दीहलस।सूचना मिलला के बाद थानाध्यक्ष ओम प्रकाश चौहान पूरा दलबल के साथ घटना स्थल पर पहुंच के शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम ख़ातिर छपरा भेज दिहले।पुलिस के अंदेशा बा कही दोसरा जगह से हत्या कई शव के पानी में फेंक दिहल गईल बा। पुलिस सूत्रन के अनुसार मृतक लाल रंग के टी शर्ट अउरी हाफ पैंट पहिने रहल। शव तीन चार दिन पहीले के फेंकल लागत रहल। हालांकि शरीर पर कही जख्म के निशान ना लउकल। पुलिस मामला के सघनता से जांच कर रहल बिया। शव बरामद होखला के बाद आसपास के गांवन में अफवाह के बाजार गर्म बा। ग्रामीण लोगन के अनुसार पंचायत क्षेत्र में शराब कारोबारी अउरी अपराधकर्मिन के मनोबल बढ़ गईल बा। उ लोग एह क्षेत्र में पुलिस गश्ती तेज कईल जाये के मांग कइलस।

Post a Comment

0 Comments