विज्ञापन

महाराजगंज : पनियरा के तहसील बनावे के मांग के लेके आम आदमी पार्टी निकललस रैली।

महाराजगंज : पनियरा के तहसील बनावे के मांग के लेके आम आदमी पार्टी निकललस रैली।

रिपोर्ट : अभिषेक अग्रहरि

जनपद जिला महाराजगंज के पनियरा विधानसभा में आजु आम आदमी पार्टी पनियारा के तहसील बनाओ अभियान के तहत पनियारा से भौराबारी तक कार्यकर्ता के साथ विधानसभा अध्यक्ष डॉ अवधेश सिंह अउरी प्रदेश के यूथ के प्रदेश महासचिव आकाश जायसवाल के नेतृत्व में रैली निकालल गईल अउरी जगह-जगह नुक्कड़ सभा भी कइल गईल।

पदयात्रा के संबोधित करत पार्टी के नेता पशुपतिनाथ गुप्त जी कहनी की जिला के हर विधानसभा में तहसील बा खाली पनियरा विधान सभा मे नइखे, ई एहिजा के लोगन के अपना बा। सभ लोग सामने आके एह मांग के राखल आजु जवना से की हमनियो के विधानसभा में तहसील होखे।

Post a Comment

0 Comments