विज्ञापन

महाराजगंज जिला में भ्रष्टाचारियन के बोलबाला मटिहनवा में भइल जीरो ग्राउंड सर्वे भ्रष्टाचार के खुलल पोल

महाराजगंज जिला में भ्रष्टाचारियन के बोलबाला मटिहनवा में भइल जीरो ग्राउंड सर्वे भ्रष्टाचार के खुलल पोल

रिपोर्ट : अभिषेक अग्रहरि

जनपद महराजगंज के विकासखंड बृजमनगंज  मटिहनवा ग्राम में आज मीडिया टीम द्वारा कइल गईल ग्राउंड सर्वे । जवना में सिग्मा न्यूज़ डायनामाइट न्यूज़ सीएस न्यूज देलही क्राइम बेखौफ खबर अउरी प्रखर पूर्वांचल टीवी न्यूज़ इंडिया के रिपोर्टर  मटिहनवा ग्राम के कई टोला में जाके वहां के महिला पुरुष अउरी बच्चन से गांव के साफ सफाई अउरी सैनिटाइजेशन के बारे में पूछताछ कइल गईल । लगभग 50 लोगन द्वारा दिहल गईल बयान  से इ स्पष्ट होता  कि ग्राम सभा में साफ-सफाई के कार्य शून्य अउरी सैनिटाइजेशन  के कार्य पिछला 3 महीना से नइखे भइल। जबकि एगो दू गो लोग मीडिया के बतइले कि सैनिटाइजर मशीन दिखा के पैसा के निकासी कई लिहल बा । जबकि गांव में सर्वे के हिसाब से सैनिटाइजेशन के कार्य भइल ही नइखे।जबकि ग्राम सचिव कौशलेंद्र कुशवाहा के द्वारा    93550 रुपया के भूगतान सेनेटाइजर के खातिर कइल बा।   बता दीं  कि  कालू  दिनांक 23 जुलाई दिन शुक्र के एडीओ पंचायत ने कुछ मीडिया के बतवले कि इ आरोप निराधार बा जबकि जीरो ग्राउंड सर्वे रिपोर्ट से पता चलल कि  एडीओ पंचायत द्वारा दी गईल जानकारी पूर्ण रूप से गलत बा  । ऐसे ही अधिकारियन अउरी कर्मचारियन के मिलीभगत से एक ही विकासखंड ना बल्कि पूरा जनपद में भ्रष्टाचारियन के बोलबाला बा। जब कि कुछ ग्रामीणन के कहल बा कि ए मामला के जांच सघनता के साथ होखे के चाही अउरी दोषियन के विरुद्ध उचित कार्रवाई होखे चाही।डीपीआरओ महाराजगंज कृष्ण बहादुर वर्मा  बतवले कि उक्त मामला संज्ञान में आइल बा  एकर जांच करावल जाई  ।ए जांच के जिम्मेदारी बृजमनगंज एडीओ पंचायत  गुलाब पाठक को दीहल गईल ।।शासन अउरीप्रशासन से जुड़ल अधिकारी अउरी कर्मचारियन के आपन कार्य के ईमानदारी से निर्वाह करे के चाही जवना से सरकार के कवनो भी योजना के लाभ सीधे जनता तक पहुंचे ।

Post a Comment

0 Comments