विज्ञापन

सोनभद्र : 'समाजवादी योग संदेश यात्रा' के ब्रांड अंबेसडर बनले योग गुरु आचार्य अजय कुमार पाठक।


सोनभद्र : 'समाजवादी योग संदेश यात्रा' के ब्रांड अंबेसडर बनले योग गुरु आचार्य अजय कुमार पाठक।

कन्नौज से 5 अगस्त के करिहें 'समाजवादी संदेश यात्रा' के शुरुआत।

रिपोर्ट : दरोगा  यादव देव

सोनभद्र। उत्तर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री अउरी समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव जी के अउरी प्रदेश अध्यक्ष नरेश उत्तम पटेल के अनुमति से 'समाजवादी योग संदेश यात्रा' के शुरुआत उत्तर प्रदेश के जिला कन्नौज से 5 अगस्त से  होई।ई जानकारी कार्यक्रम संयोजक अउरी समाजवादी योग संदेश यात्रा के ब्रांड एंबेसडर योग गुरु आचार्य अजय कुमार पाठक शुक्रवार के दीहले।

 उ बतावले कि उनकर संस्थान के सदस्य उत्तर प्रदेश के साथ ही जम्मू कश्मीर, दिल्ली, उत्तराखंड से आईल प्रशिक्षित आचार्य गण अउरी योगा प्रशिक्षकन के नेतृत्व में 'समाजवादी योग संदेश यात्रा' के योग शिविर में

योग,आयुर्वेद ,प्राकृतिक चिकित्सा, अउरी एक्यूप्रेशर चिकित्सा पद्धति के माध्यम से  स्वास्थ्य लाभ प्रदान करे के गुर सिखावल जाइ। आगे ई भी कहले की गांव, शहर से लेकर प्रदेश स्तर पर योग शिक्षक बनाके समाजवादी विचारन के माध्यम से समता-समानता अउरी सर्वजन हिताय और सर्वजन सुखाय के नीति के जन - जन तक पहुंचावे के कार्य कईल जाई।

 बतावत चली कि योग गुरु आचार्य अजय कुमार पाठक को अभी हाल ही में सपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव जी द्वारा 'समाजवादी योग संदेश यात्रा' के ब्रांड एंबेसडर बनावल गईल बा।

Post a Comment

0 Comments