विज्ञापन

सारण : ननिहाल शादी में शामिल होखे आईल दुगो युवकन के ट्रक कचरलस, एक के मौत दूसरा घायल।



सारण : ननिहाल शादी में शामिल होखे आईल दुगो युवकन के ट्रक कचरलस, एक के मौत दूसरा घायल।

गड़खा।गड़खा-चिरांद मुख्य मार्ग पर मीनापुर के समीप अज्ञात ट्रक के ठोकर से एगो युवक के मौत हो गईल जबकि दूसरा घायल हो गईल। मृतक सोनपुर थाना क्षेत्र के पहलेजा गांव निवासी जागेश्वर राय के 15 वर्षीय पुत्र निशांत कुमार बताया जातारे, ओहीजे घायल ओहि गांव के भागीरथ राय के पुत्र रितिक कुमार बतावल जा तारे। दुनों लोह गड़खा थाना क्षेत्र के टहलटोला गांव में शादी समारोह में शामिल होखे आईल रहले। एह दौरान दुनों कवनो कारणवश मीनापुर जात रहले। तबे मीनापुर के समीप हादसा भइल। मिलल जानकारी के अनुसार टहल टोला गांव निवासी बिजेन्द्र राय के पुत्री के शादी समारोह में शामिल होखे ख़ातिर दुनो युवक कुछ दिन पहीले ही आईल रहले। बुध के सुबह मीनापुर बाजार जायेके क्रम में तेज गति से आ रहल अनियंत्रित ट्रक  जबरदस्त ठोकर मार दिहलस।जवना में दुनों बुरी तरह घायल हो गइले। आनन-फानन के बाद आसपास के ग्रामीण लोग दुनों युवकन को इलाज ख़ातिर सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र गड़खा ले जाये लगले त रास्ता में निशांत कुमार चांडाल चौक के समीप दम तुरी दिहले। ओहीजे ऋतिक कुमार के इलाज के बाद छपरा रेफर कई दियाईल। घटना ल सूचना मिलला पर पुलिस घटनास्थल पर पहुंचके मामला के कार्रवाई में जुट गईल। ओहीजे अस्पताल में शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम ख़ातिर सदर अस्पताल भेज दिहल गईल। घटना के बाद परिजनन का रो रो के बुरा हाल हो गईल।

Post a Comment

0 Comments