विज्ञापन

महाराजगंज : भाजपा युवा मोर्चा सादगी के साथ मनवलस शहीद मंगल पांडेय के जयंती।

महाराजगंज : भाजपा युवा मोर्चा सादगी के साथ मनवलस शहीद मंगल पांडेय के जयंती।

रिपोर्ट अभिषेक अग्रहरि

अमर शहीद मंगल पाण्डेय के जयन्ती सोमार के भाजपा युवा मोर्चा के तत्वाधान में वैश्विक महामारी कोरोना के चलते सादगी पूर्ण तरीका से मनावल गईल। कार्यक्रम ल शुरूआत शहीद मंगल पाण्डेय के शैलचित्र पर श्रद्धा सुमन अर्पित कई भइल। संस्था के नगर पंचायत अध्यक्ष राजेश जायसवाल ने कहले कि मंगल पाण्डेय 1857 में गुलामी के बेड़िन में जकड़ल भारत माता को स्वतंत्र करावे ख़ातिर देशवासियों के मन में आजादी के मशाल रौशन कइले अउरी विश्व पटल पर बलिया के नाम स्वर्णाक्षर में दर्ज कराने के कार्य कइले। भाजपा  युवा मोर्चा के मंडल अध्यक्ष विक्की अग्रहरि, अभिषेक अग्रहरि ,विकास चौरसिया  कहल लोग कि स्वतन्त्रता आंदोलन के इतिहास संघर्ष, साहस, त्याग, बलिदान, समर्पण अउरी गौरव के उत्कृष्ट आख्यान बा। 

एहि कड़ी मे युवा मोर्चा के शिवम जायसवाल,नवीन सोनकर कहल लोग कि आपन हिम्मत अउरी हौसला के दम पर समूचा अंग्रेजी हुकूमत के सामने पहीला चुनौती पेश करे वाला मंगल पांडे के जन्‍म 1827 में 19 जुलाई के भइल रहे। मंगल पांडे के नाम नाम 'भारतीय स्वाधीनता संग्राम' में अग्रणी योद्धा के रूप में लिहल जाला, जिनकरा द्वारा भड़कावल गईल क्रांति के ज्वाला से अंग्रेज़ ईस्ट इंडिया कंपनी के शासन बुरी तरह हिल गईल रहे। मंगल पांडे के शहादत ने भारत में पहिला क्रांति के बीज बोवले रहल।

एह मौका पर रवि चौरसिया, मनीष चौरसिया, सूरज अग्रहरि, दीपक चौरसिया, विशाल, राकेश कंजड़, उस्मान खान, राजू आदि मौजूद रहले।

Post a Comment

0 Comments