विज्ञापन

महाराजगंज : वृक्ष लगाई वृक्ष बचाई संस्था के तरफ से लेफ्टिनेंट श्रीकांत प्रसाद गौंड़ अउरी साजिद खान बाल वैज्ञानिक के ब्लॉक संयोजक पद के जिम्मेदारी सौंपल गईल।

महाराजगंज : वृक्ष लगाई वृक्ष बचाई संस्था के तरफ से लेफ्टिनेंट श्रीकांत प्रसाद गौंड़ अउरी साजिद खान बाल वैज्ञानिक के ब्लॉक संयोजक पद के जिम्मेदारी सौंपल गईल।

महाराजगंज वन महोत्सव के अंतर्गत 300 से अधिक वृक्षारोपण कईल गईल।

रिपोर्ट : अभिषेक अग्रहरि

 महराजगंज: जौनपुर के संस्था वृक्ष लगाओ वृक्ष बचाओ आंदोलन के संस्थापक महेश गुप्ता जौनपुरी के मार्गदर्शन से गोरखपुर मण्डल अध्यक्ष राष्ट्रीय बाल विज्ञान संचालक “रोहित कुमार गुप्ता जी” के नेतृत्व में जिला महाराजगंज में वन महोत्सव सप्ताह के अंतर्गत कुल 300 से अधिक वृक्षारोपण कईल गईल।  जवना में सागवान,अमरूद, नीम,जामुन, लिप्टस, बरगद, पीपल, कटहल, नींबू, अर्जुन अउरी आम के वृक्ष शामिल बा। वृक्ष लगाओ वृक्ष बचाओ आंदोलन के गति प्रदान करे ख़ातिर सदर ब्लॉक महाराजगंज से ब्लाक संयोजक पद पर साजिद खान बाल वैज्ञानिक अउरी फरेंदा ब्लॉक से संयोजक पद पर लेफ्टिनेंट श्रीकांत प्रसाद गौंड़ के नियुक्त कईल गईल। साजिद खान बाल वैज्ञानिक नियुक्ति के उपरांत 15 वृक्षारोपण कइले अउरी लेफ्टिनेंट श्रीकांत प्रसाद गौंड़ जी कुल 20 वृक्षारोपण कईके संस्था में शामिल भइले। उ लोग वृक्षारोपण के साथ-साथ ई शपथ भी लिहल कि निरन्तर वृक्षारोपण करत रहब अउरी वृक्षारोपण के प्रति लोगन के जागरूक भी करत रहब। सभ लोग वृक्षारोपण के बाद ई संकल्प लिहल कि वृक्षन के समय-समय पर देख-रेख करत रहब अउरी बड़ होखला तक वृक्षन के खाद पानी नियमित रूप से देत रहब। वृक्षारोपण कार्यक्रम में  इंजीनियर शिवप्रसाद मद्धेशिया, संगम कनौजिया, रंजीत प्रजापति, मनीषा यादव, आकृति पटेल अउरी अन्य सभ लोग भरपूर वृक्षारोपण कार्यक्रम में उपस्थित रहिके सहयोग कईल।

Post a Comment

0 Comments