विज्ञापन

महाराजगंज : घटतौली करे वाला कोटेदार के कोटा निरस्त करसु ना त सप्लाई इस्पेक्टर पर होई कार्रवाई : प्रभारी मंत्री उपेंद्र तिवारी।

महाराजगंज : घटतौली करे वाला कोटेदार के कोटा निरस्त करसु ना त सप्लाई इस्पेक्टर पर होई कार्रवाई : प्रभारी मंत्री उपेंद्र तिवारी।

रिपोर्ट- अभिषेक अग्रहरी

महाराजगंज फरेंदा ब्लॉक सभा में प्रभारी मंत्री उपेंद्र तिवारी जिला अधिकारी महाराजगंज उज्जवल कुमार एसपी प्रदीप गुप्ता सहित जिला के विभागीय अधिकारी के साथ विकास समीक्षा कई बैठक कइले अउरी दिशा निर्देश दिहले कि कोटेदार अगर घटतौली करत मिलत बाड़े त उनकर कोटा तुरंत निरस्त कईल जाउ। सफाई के व्यवस्था सुचारू रूप से करे ख़ातिर नगर में बंद पड़ल पीएचसी पर एगो महिला डॉक्टर अउरी पुरुष डॉक्टर बईठावे के आश्वासन दिहले अउरी वैक्सीनेशन धाधली के लेके कर्मचारिन के फटकार लगावले। बिजली विभाग के एक्सियन के भी फटकार लगावले अउरी निर्देश दिहले कि 24 घंटे के अंदर खराब पड़ल ट्रांसफार्मर के तुरंत लगवावल जाउ।मंत्री जी सप्लाई स्पेक्टर के  इशारा करत कहले अगर कोटेदार पर कार्रवाई ना होइ त तहरा पर कार्रवाई हो जाई। बड़ा ही कड़ा रुख में मंत्री जी विकास के लेकर सभागार में चर्चा कइले

Post a Comment

0 Comments