विज्ञापन

सोनभद्र : सेल्फी लेबे के बहाना पति ले लीहले पत्नी के जान, दहेज के लोभी पिता पुत्र गइले जेल।

सोनभद्र : सेल्फी लेबे के बहाना पति ले लीहले पत्नी के जान, दहेज के लोभी पिता पुत्र गइले जेल।

रिपोर्ट : दरोगा यादव देव

सोनभद्र। शक्तिनगर पुलिस गुरुवार के प्रेस कॉन्फ्रेंस कई खुलासा कइलस कि गुमशुदा पत्नी आशा कुमारी के हत्यारा उनकर पति संजीत कुमार ही बाड़े। दहेज की लालच में स्वजन के साथ मिलके शादी के एक माह बाद ही पति संजीत कुमार पत्नी आशा कुमारी के रकसगंडा जलप्रपात में सेल्फी लेबे के बहाने धक्का देकर डुबा दिहलस। हत्या के लगभग एक माह पूर्व आशा कुमारी के शादी औरंगाबाद बिहार निवासी संजीत कुमार के साथ भइल रहे। हत्यारोपी संजीत कुमार पुत्र वीरेंद्र राम निवासी गांधीनगर थाना मदनपुर जिला औरंगाबाद बिहार के सीडीआर से प्राप्त जानकारी के आधार पर गुमशुदा अउरी गुमशुदा के पति के लास्ट लोकेशन रकसगंडा नवगई थाना चांदनी जिला सूरजपुर छत्तीसगढ़ पावल गईल।जिला के आला पुलिस अधिकारिन के निर्देशन अउरी मार्गदर्शन में शक्तिनगर थाना प्रभारी निरीक्षक मिथिलेश कुमार मिश्र द्वारा आशा कुमारी पुत्री राम इकबाल राम निवासी राज किशन कॉलोनी, शक्तिनगर, सोनभद्र के गुमशुदगी के सघनता से जांच कईल गईल त मिलल कि मृतका आशा कुमारी के पति ही उनकर हत्यारा बाड़े। मृतका के पति संजीत कुमार विगत 17 जुलाई के अपनी पत्नी के साथ रकसगंडा गईल रहले, जहां सेल्फी लेबे के बहाने पत्नी के गहरा जलप्रपात में धक्का देके डुबा दिहले। मृतका के परिजनन के तहरीर के आधार पर मुकदमा पंजीकृत कई अभियुक्त संजीत कुमार अउरी उनकरा पिता वीरेंद्र राम के शक्तिनगर बस स्टैंड से 28 जुलाई बुधवार रात्रि के गिरफ्तार कर लिहल गईल। अभियुक्त के निशानदेही पर आशा देवी के पर्स अउरी आईडी कार्ड, रकसगंडा जलप्रपात से बरामद कईल गईल। मृतका आशा कुमारी के शव के तलाश जारी बा।

मृतका आशा कुमारी के मां मीना देवी ने बतावली कि शादी के एक सप्ताह बाद ही दहेज के लेकर बेटी के पति अउरी उनकरा परिजनन द्वारा आए दिन उत्पीड़न व मारपीट कईल जात रहल। जवना के सूचना बेटी अपन मां के साथ साझा कइले रहली। केकरा पता रहल की शादी के एक माहिना बाद भी दहेज के लालच में दामाद ही बेटी के हत्यारा निकलिहे। आशा कुमारी के माई अउरी परिजन  हत्यारोपी के फांसी के मांग कइली।

सोनभद्र पुलिस अधीक्षक अमरेंद्र प्रसाद सिंह ने बताया कि दहेज के लालच में हत्या कईल गईल। आरोपिन के शक्तिनगर पुलिस ने गिरफ्तार कई न्यायालय में पेश कइलस। मृतका आशा कुमारी के शव के तलाशी ख़ातिर स्थानीय पुलिस के संपर्क में रहत जांच जारी बा ।पूरा प्रकरण में आला अधिकारिन के निर्देशन में शक्तिनगर थाना प्रभारी निरीक्षक मिथिलेश कुमार मिश्र, एसएसआई संतोष कुमार यादव, हेड कांस्टेबल हरिकेश यादव, शोभनाथ अउरी महिला आरक्षी गुड़िया गौड़ के विशेष भूमिका रहल।

Post a Comment

0 Comments