विज्ञापन

बलिया : सावन के पहिलका दिन शोभायात्रा निकाल के गंगा जी जल भरके भगवान शिव पर अर्पित कइले बुढ़वा शिव सेवा समिति के सदस्य लोग।

बलिया : सावन के पहिलका दिन शोभायात्रा निकाल के गंगा जी जल भरके भगवान शिव पर अर्पित कइले बुढ़वा शिव सेवा समिति के सदस्य लोग।

जिला के बैरिया क्षेत्र के तालिबपुर गांव में बुढ़वा शिव जी सेवा समिति द्वारा लगातार छठवाँ बारिस में अजु यानी 25 जुलाई 2021 दिन अतवार के सावन महीना के पहिलका दिने गांव के शिव मंदिर से गंगा घाट तक शोभायात्रा निकालल गईल अउरी गंगा जी जल भरके भगवान शिव पर अर्पित कइल गईल। एकरा अलावा भगवान शिव से पूरा दुनिया के सुख शांति अउरी आरोग्य रहे के कामना कइल गईल।

एह समारोह में मुख्यरूप से बुढ़वा शिव जी सेवा समिति के कौशलेश सिंह, मंगल सिंह, नमो सिंह, रमेश वर्मा, विनोद सिंह, चंद्रकेतु सिंह, अजय चौरसिया सहित समस्त ग्रामवासी अउरी समिति के सदस्य मौजूद रहले।



Post a Comment

0 Comments