विज्ञापन

केंद्रीय मंत्रिमंडल विस्तार : रवि किशन, सकलदीप राजभर, अनुप्रिया पटेल सहित 20 गो नया चेहरा हो सकता मंत्रिमंडल में शामिल।

फ़ोटो-इंटरनेट

केंद्रीय मंत्रिमंडल विस्तार : रवि किशन, सकलदीप राजभर, अनुप्रिया पटेल सहित 20 गो नया चेहरा हो सकता मंत्रिमंडल में शामिल।

सूत्रन के मानल जाउ त काल्हु सांझ के केंद्रीय मंत्रिमंडल विस्तार हो सकता जवना में आगामी उत्तर प्रदेश विधानसभा के मद्देनजर रवि किशन, अनुप्रिया पटेल, सकलदीप राजभर, सर्वानंद सोनवाल, ज्योतिरादित्य सिंधिया सहित कईगो नया चेहरा UP सहित देश के अन्य राज्य से भी मंत्रिमंडल।के शामिल हो सकता।

मंत्रीमंडल विस्तार के ख़बर के बीच मे एहमे से कई लोग दिल्ली पहुँच चुकल बा त कई लोगन के दिल्ली बोलावल गईल बा और उ लोग भी दिल्ली पहुँच रहल बा।

वैईसे त प्रधानमंत्री महोदय के आखिरी समय तक अपना योजना के बारे कुछ बाहर बात ना आवे देनी। फिर भी मानल जाता कि एह मंत्रिमंडल विस्तार में दलित, पिछड़ा सहित युवा लोगन के वरीयता दिहल जा सकता।

Post a Comment

0 Comments