विज्ञापन

सारण : एकमा, मांझी, डोरीगंज सहित 7 थानाध्यक्ष लोगन के साथ 12 पुलिस कर्मी लोगन के भइल तबादला, देखी लिस्ट।

सारण : एकमा, मांझी, डोरीगंज सहित 7 थानाध्यक्ष लोगन के साथ 12 पुलिस कर्मी लोगन के भइल तबादला, देखी लिस्ट।

सारण के एसपी संतोष कुमार जी जिला के 7 थाना अध्यक्ष समेत 12 पुलिसकर्मिन के तबादला कइले। एसपी महोदय के अनुसार 7 थाना के थानाध्यक्ष के आगामी पंचायत चुनाव अउरी विधि व्यवस्था व अपराध नियंत्रण के कारणन से कार्यहित में स्थानांतरित कईल गईल बा। साथ ही नव पदस्थापित थानाध्यक्ष लोगन के अविलंब अपना थाना में योगदान देबे के निर्देश दिहल गईल। एह स्थानांतरण के हिसाब से  पुलिस केंद्र में पदस्थापित पुलिस अवर निरीक्षक मिहिर कुमार के जलालपुर थानाध्यक्ष, एकमा थाना अध्यक्ष राजेश कुमार चौधरी के डोरीगंज थानाध्यक्ष, परसा थाना अध्यक्ष रत्नेश कुमार वर्मा के दरियापुर थानाध्यक्ष, ट्रैफिक थाना अध्यक्ष रामयश राय के सहाजीतपुर थानाध्यक्ष, खैरा थाना अध्यक्ष विकास कुमार सिंह 2 को मांझी थाना अध्यक्ष, नगर थाना में पदस्थापित पुलिस अवर निरीक्षक देव कुमार तिवारी को एकमा थाना अध्यक्ष, पुलिस अवर निरीक्षक वीरेंद्र राम के नयागांव थाना से खैरा थाना अध्यक्ष के पद पर पदस्थापित कईल गईल। ओहीजे पुलिस अवर निरीक्षक रतन कुमार यादव के मुफस्सिल थाना अध्यक्ष के प्रभार देत अगिला आदेश तक मुफस्सिल थाना में प्रतिनियुक्त किया गईल बा। देखी पूरा लिस्ट👇



Post a Comment

0 Comments