विज्ञापन

सोनभद्र : ताला तुरिके उड़ावले लाखन रुपया के जेवरात अउरी नगदी।

सोनभद्र : ताला तुरिके उड़ावले लाखन रुपया के जेवरात अउरी नगदी।

रिपोर्ट : दरोगा यादव देव

सोनभद्र। बीना पुलिस चौकी क्षेत्र अंतर्गत एनसीएल आवासीय परिसर में एनसीएल कर्मचारी के घर का ताला अउरी लॉकर तुरिके अज्ञात चोर ने नकदी समेत लाखन के जेवरात पर हाथ साफ कर दिहले। आवास के सामने रह रहले एनसीएल कर्मी सुनील चौहान ने गेट के ताला टूटल देख एकर सूचना दीहल। चोरी के खबर मिलते ही कालोनी में हडकम्प मच गईल। सूचना पाके पहुंचले चौकी प्रभारी अश्वनी राय पुलिस टीम के साथ मौका पर पहुंचले। गृहस्वामी जे पैतृक निवास सोनभद्र गईल रहले, के चोरी के जानकारी दीहले। सोनभद्र से वापस लौटल चोरी के शिकार बनल एनसीएल कर्मी अभिषेक पाण्डेय आवास संख्या एम-825 पुलिस के दीहल लिखित तहरीर मे बतावले कि बीतल शनिवार के रात उ रुद्राभिषेक कार्यक्रम में सपरिवार लोढ़ी गईल रहले। लौट के आयिनी त मेन गेट सहित सभ दरवाजन के ताला टुटल मिलल। दुनों अलमारी के ताला व लॉकर टुटा मिलल। लगभग दु लाख के सोना के कीमती मेन ब्रिसलेट, एक लाख रुपया लागत के बच्चन के करधनी, कंगन, छाड़ा, सोना के लॉकेट, चांदी के तीन जोड़ा बिछिया, पायल, एगो सोना के चेन के साथ लॉकर मे रखल 62 हजार रुपया नकदी चोरी भइल बा। आक्रोशित कालोनी वासि लोग के आरोप बा कि कालोनी में चोरी के वारदात बढ़त जा रहल बा।

Post a Comment

0 Comments