विज्ञापन

सोनभद्र : उर्जान्चल में धूमधाम से मनावल जाता कृष्ण जन्माष्टमी के त्योहार।



सोनभद्र : उर्जान्चल में धूमधाम से मनावल जाता कृष्ण जन्माष्टमी के त्योहार।

रिपोर्ट: डी० डी० यादव

सोनभद्र-अनपरा। भगवान श्रीकृष्ण के जन्मोत्सव उर्जान्चल में धूम धाम से मनावल गईल। जन्माष्टमी पर सोमार के उर्जान्चल के हर छोटे बड़ मंदिर के सजावल गईल अउरी पूरा उत्साह अउरी श्रद्धा के साथ ईहां लोग पूजा अर्चना कइले। अनपरा, डिबुलगंज, काशी मोड़, औड़ी, रेनुसागर, रनुकोट, बीना, ककड़ी, खड़िया, शक्तिनगर में पण्डाल अउरी मंदिर में भारी संख्या में श्रद्धालु लोग नटखट कान्हा के पूजा कईल अउरी एह दिन खासकर महिला लोग दिन भर उपवास भी रखल।कई जगहन पर धार्मिक अउरी सांस्कृतिक कार्यक्रमन के आयोजन कईल गईल। जिला के सभ थाना, राबर्ट्सगंज पुलिस लाइन अउरी सभ पुलिस चौकी पर कृष्ण जन्माष्टमी मनावल जाता।अनपरा थाना पर भण्डारा ल आयोजन कईल गईल बा।अनपरा थाना के थाना प्रभारी विजय प्रताप सिंह अपना बच्चा अउरी थाना के स्टाफ के बच्चन के साथ केक काटके भगवान श्री कृष्ण के जन्म दिन मना रहल बाड़े।

जय बजरग सेवा समिति एच यस सी एल कालोनी हनुमान मंदिर पर जय बजरंग सेवा समिति के सदस्य लोग कृष्ण जन्माष्टमी धूमधाम से मनावत बा।समिति के सदस्य बतावले कि कल मंगलवार के भण्डारा के आयोजन रखल गईल बा। शशि प्रकाश चौबे, अंकुश जायसवाल, सुमन चौधरी, अमित चौधरी, दिवेश यदुवंशी, नागेंद्र शर्मा, अतुल शर्मा, लोहासिंह, सुमितअग्रहरि इत्यादि सदस्य लोग  पूजा के कार्यक्रम में बाढ़ चढ़ के आपन योगदान दिहल।

क्लब डब्लू आई कॉलोनी अनपरा में हैप्पी क्लब के सौजन्य से जन्माष्टमी हर्षोउल्लास के साथ मनावत बा लोग। क्लब के सदस्य बतावले कि 31अगस्त दिन मंगलवार के देवी जागरण अउरी भण्डारा के आयोजन कईल जाई।एह दौरान सत्यजीत सिन्हा, अमित मौर्या, सत्यजीत, अनिल गुप्ता, बिडू दुबे, विश्वजीत सिन्हा आदि हैप्पी क्लब के सदस्य उपस्थित रहले।

Post a Comment

0 Comments