विज्ञापन

एकलव्य एकेडमी में हर्षोल्लास के साथे मनल पचहत्तरवां स्वतंत्रता दिवस।

एकलव्य एकेडमी में हर्षोल्लास के साथे मनल 75वां स्वतंत्रता दिवस।

हरियाणा के फ़रीदाबाद स्थित एकलव्य एकेडमी में स्वतंत्रता दिवस समारोह हर्षोल्लास के साथे मनावल गईल। एह अवसर पर प्रधानाचार्य प्रेम नाथ मिश्रा कहले कि भारत के एगो समृद्ध इतिहास रहल बा। आजु स्वतंत्रता के 75वीं वर्षगांठ पर हमनी के ई संकल्प लेबे के चाहि कि हमनी का अपना राष्ट्र के विश्व में गौरवपूर्ण स्थान दिलाइब जा। 

एकेडमी के प्रबंधन योगेश मिश्रा जी कहनी कि एक राष्ट्र के रूप 15 अगस्त के महत्व सिर्फ आतना नइखे कि हम एह दिन स्वतन्त्र भइनी, बल्कि इस दिन पूरब से पश्चिम अउरी उत्तर से दक्षिण तक ओह वैज्ञानिक सीमा के भी निर्धारण हुआ, जवन हमनी के भारतीय के रूप में सूत्रबद्ध कइलस।  इस मौका पर तमाम छात्र अउरी गणमान्य लोग उपस्थित रहले।

Post a Comment

0 Comments