विज्ञापन

भीषण सड़क हादसा : गड़हा में फंस के कार भइल अनियंत्रित, हादसा में 4 बच्चन सहित 5 लोगन के मौत, 2 अन्य जख्मी।

भीषण सड़क हादसा : गड़हा में फंस के कार भइल अनियंत्रित, हादसा में 4 बच्चन सहित 5 लोगन के मौत, 2 अन्य जख्मी।

मऊ में अतवार के रोड एक्सीडेंट में परिवार के पांच सदस्यन के मौत हो गईल। परिवार कार से छत्तीसगढ़ से मधुबन मऊ जात रहल हा। एह बीच सड़क पर गड़हा में फंसके कार अनियंत्रित होके खाई में गिरी गईल। कार पलटला से 4 बच्चन सहित एगो महिला के मौत हो गईल।

जबकि, दु गो अन्य लोग गंभीर बाड़े। जानकारी के मुताबिक परिवार फुलवरिया चौरीचौरा, गोरखपुर के रहे वाला ह। हादसा के सूचना मिलते ही पुलिस मौका पर पहुंचके शव के पोस्टमॉर्टम ख़ातिर भेज दिहले। साथ ही घायलन के अस्पताल भेज के उनकर इलाज करावल जा रहल बा। हादसा रात 2 बजे के करीब दोहरीघाट थाना क्षेत्र के सोनबरसा गांव के पास भइल।

हादसा में ममता (35) पत्नी महेश कुमार, तानी (13) पुत्री महेश कुमार, मयंक (6) पुत्र महेश कुमार, माही (4) पुत्री दिनेश, दिव्यांश (8) पुत्र दिनेश के मौत हो गईल। जबकि, महेश पुत्र पतरु (43) व दीपिका (30) पत्नी दिनेश बुरी तरह घायल हो गईल लोग।

जानकारी के फुलवरिया गांव निवासी महेश कुमार पुत्र पतरु मोदनवाल अपना परिवार के साथ रिश्तेदार के घर मधुबन जात रहले। एहि बीच उनकर कार दोहरीघाट मधुबन मार्ग पर गड़हा में फंसके पलट गईल। हादसा में कार में महेश के पत्नी अउरी दु बच्चन सहित परिवार के पांच लोगन के मौत हो गईल। जबकि, महेश अउरी दिनेश के पत्नी दीपिका बुरी तरह जख्मी हो गइली, कार में सात लोग सवार रहले।

Post a Comment

0 Comments