विज्ञापन

श्रद्धा से मनावल गईल हरितालिका तीज, सुहागिन लोग पति के दीर्घायु अउरी सुख-समृद्धि ख़ातिर कईली कामना।

श्रद्धा से मनावल गईल हरितालिका तीज, सुहागिन लोग पति के दीर्घायु अउरी सुख-समृद्धि ख़ातिर कईली कामना।

रिपोर्ट - डी०डी० यादव

 सोनभद्र। जनपद में हरितालिका तीज गुरुवार के भारतीय सनातन संस्कृति के अनुरूप बड़ा ही सौम्यता के साथ उत्साह पूर्वक मनावल गईल। व्रती महिला लोग सांझ के पूजन-अर्चन कई व्रत कथा सुनली अउरी पति के दीर्घायु अउरी सुख - समृद्धि ख़ातिर मंगल कामना कईल लोग। सोनांचल के गृहणी निर्जला व्रत रखके सनातन संस्कृति के परंपरा अनुरूप कठिन तपस्या करत भूत भगवान भोलेनाथ अउरी माता पार्वती के पूजा अर्चना कई सुहाग के रक्षा अउरी दीर्घ जीवन ख़ातिर कामना कइली।

हमनी के उर्जान्चल संवाददाता के अनुसार इलाका में हरितालिका तीज  हर्षोल्लास के साथ श्रद्धा पूर्वक मनाबल गईल। एह अवसर पर पति के दीर्घायु अउरी उनकरा सुख- समृद्धि के कामना ख़ातिर सुहागिन व्रत रखल लोग। बतावत चलत बानी कि भादो शुक्ल पक्ष तृतीया के मनावल जाये वाला एह पर्व पर सुहागिन महिला के साथ कुंवारी लइकी भी सुयोग्य वर प्राप्ति ख़ातिर निर्जला व्रत रखेली। इस दिन सुहागिन महिला के अन्न-जल के सेवन वर्जित माना जाला। पौराणिक मान्यता के अनुसार एहि दिन शक्ति स्वरूपा पार्वती ने शिव जी के पति ख़ातिर हिमाचल पर्वत पर बिना अन्न-जल के व्रत कइले रहली अउरी उ पति के रूप में शिव जी को प्राप्त कइली। मालूम होखे कि सुहागिन एह त्यौहार के तैयारी दु दिन पहीले से ही शुरू कर दीहले रहली। पूजा सामग्रिन सहित कपड़ा, चूड़ियां आदि श्रृंगार के सामान खरीदे ख़ातिर व्यस्त रहली।

Post a Comment

0 Comments