विज्ञापन

सोनभद्र : एडिशनल एसपी अनपरा थाना के कइले निरीक्षण।

सोनभद्र : एडिशनल एसपी अनपरा थाना के कइले निरीक्षण।

रिपोर्ट : डी०डी०यादव

सोनभद्र। थाना अनपरा के अर्द्धवार्षिक निरीक्षण पुलिस अधीक्षक अमरेन्द्र प्रसाद सिंह  के निर्देश में  एडिशनल एसपी विनोद कुमार द्वारा थाना अनपरा ल अर्द्धवार्षिक निरीक्षण कइल गईल। जवना के अन्तर्गत थाना स्थानीय के समस्त अभिलेखन के रख - रखाव अउरी आगन्तुक रजिस्टर, महिला हेल्प डेस्क के देखल गईल अउरी मालखाना के माल रजिस्टर अउरी माल के रख रखाव के निरीक्षण कईल गईल। कार्यालय के अभिलेख शस्त्र के रख - रखाव के समीक्षा कईल गईल अउरी थाना परिसर में बैरक निर्माण  के आवश्यकता को देखत  चर्चा कईल गईल।  भोजनालय, हवालात, बैरिकन के साफ - सफाई आदि के देखल गईल। एह अवसर पर अनपरा थाना प्रभारी श्रीकांत राय, शक्तिनगर थाना प्रभारी मिथिलेश कुमार मिश्र, रेनुसागर चौकी प्रभारी वंश नारायण राय, एस एस आई अंजनी कुमार राय अउरी थाना के सभ पुलिसकर्मि लोग उपस्थित रहल।



Post a Comment

0 Comments