विज्ञापन

टीवी के दुनिया के जानल मानल अभिनेता सिद्धार्थ शुक्ला के हार्ट अटैक से मौत।

टीवी के दुनिया के जानल मानल अभिनेता सिद्धार्थ शुक्ला के हार्ट अटैक से मौत।

बॉलीवुड जगत से बहुत दुखद खबर आवता, टीवी के दुनिया के जाने माने अभिनेता सिद्धार्थ शुक्ला के मौत हो गईल बा। सिद्धार्थ शुक्ला के उम्र 40 साल के रहल।अब तक मिलल जानकारी के मुताबिक हार्ट अटैक से उनकर मौत भइल बा। हार्ट अटैक के बाद आज उनकरा में मुंबई के ब्रीच कैंडी हॉस्पिटल में एडमिट करावल गईल जहां उनकर मौत हो गईल।

सिद्धार्थ शुल्का के टीवी सीरियल बालिका वुध से पॉपुलैरिटी मिलल। ओकरा बाद उ कभी पीछे मुड़के ना देखले। उ दिल से दिल तक सीरियल में भी नज़र आइले। बॉलीवुड में डेब्यू उ हम्प्टी शर्मा की दुल्हनिया फिल्म से कइले। बिग बॉस 13 से उनकरा बहुत ज्यादा प्रसिद्धि मिलल। उनकर जोड़ी के पंजाबी एक्ट्रेस शहनाज गिल के साथ काफी पंसद कईल गईल। दुनो लोग हाल ही में बिग बॉस ओटीटी में भी नज़र आईल रहले।

Post a Comment

0 Comments