विज्ञापन

कुशीनगर : ट्रेन से कटिके युवक के मौत, आधा घंटा बाधित रहल ट्रेन सेवा।

कुशीनगर : ट्रेन से कटिके युवक के मौत, आधा घंटा बाधित रहल ट्रेन सेवा।

जिला में अतवार के पनियहवा पुल के निकट ट्रेन के चपेट में आइला से एगो युवक के मौत हो गईल। सूचना पे पहुंचल पुलिस  शव के कब्जा में ले लिहस। एह दरम्यान एगो पैसेंजर ट्रेन लगभग आधा घंटा तक रुकल रहल।

जानकारी के अनुसार, पनियहवा रेलवे स्टेशन से बिहार जात रहल देहरादून-मुजफ्फरपुर एक्सप्रेस ट्रेन के चालक पनियहवा पुल के पास एगो शव पड़ल देख ट्रेन रोक दीहले अउरी स्टेशन के सूचना दीहले। एकर जानकारी होखला पे खड्डा पुलिस अउरी आरपीएफ के जवान पहुंचले। मृतक के सिर अउरी धड़ अलग-अलग रेलवे लाइन के बीच में पड़ल रहे। एह दौरान घटनास्थल पे भारी भीड़ एकत्र हो गईल। मृतक के पहचान हनुमानगंज थाना क्षेत्र के पनियहवा निवासी मोहन गुप्ता पुत्र मोतीलाल गुप्ता (28) के रूप में भइल।

Post a Comment

2 Comments

  1. समाचार अधूरा बा। जब घटना के जानकारी देहल जाला त इहो बतवले के प्रयास करे के चाही कि मौत कइसे भईल? कहीं एइसन त ना भईल रहे कि पहिले से मार के केहूँ लाश ओहिजा पटरी पर सूता देहले रहे आ बाद में ट्रेन आयिल त गला कट गईल? घर के कवनो टेंशन से कहीं ऊ नौजवान परेशान त नाही रहल हवे। आस पास के लोग के राय भी होखे के चाही समाचार में। धन्यवाद!

    ReplyDelete
Emoji
(y)
:)
:(
hihi
:-)
:D
=D
:-d
;(
;-(
@-)
:P
:o
:>)
(o)
:p
(p)
:-s
(m)
8-)
:-t
:-b
b-(
:-#
=p~
x-)
(k)