विज्ञापन

सर्व भाषा ट्रस्ट द्वारा भोजपुरी लोकगायिका लोगन के उनकरा गायिकी ख़ातिर कईल जाई सम्मानित।



सर्व भाषा ट्रस्ट द्वारा भोजपुरी लोकगायिका लोगन के उनकरा गायिकी ख़ातिर कईल जाई सम्मानित।

यह सम्मान सुप्रसिद्ध लोकगायिका मैनावती देवी 'मैना' के नाम पर 'मैनावती देवी राष्ट्रीय लोकगायिका सम्मान' के रूप में दिहल जाई। 

गोरखपुर 16 सितम्बर :  ज्ञातव्य बा कि मैनावती देवी जी लोक परंपरा के संरक्षण अउरी संवर्धन के प्रति समर्पित व्यक्तित्व रहनी। उँहा के स्मृति में प्रत्येक वर्ष सर्व भाषा ट्रस्ट द्वारा लोकगायिका लोगन के 'मैनावती देवी राष्ट्रीय लोक गायिका सम्मान' से सम्मानित कईल जाइ। एह सम्मान में सुप्रसिद्ध लोकगायक, मैनावती देवी जी के पुत्र अउरी उत्तर-प्रदेश संगीत-नाटक अकादमी के सदस्य श्री राकेश श्रीवास्तव जी द्वारा 11000 रुपए के राशि दीहल जाइ। साथ में स्मृति-चिह्न अउरी अंगवस्त्र दिहल जाई। एह सम्मान ख़ातिर कला अउरी संस्कृति से जुड़ल व्यक्ति से प्रविष्टि/अनुशंसा आमंत्रित कईल गईल बा। 

अनुशंसा प्रस्तुत करे ख़ातिर निर्देश -1. लोकगायिका के सम्पूर्ण परिचय। (जीवन-वृत्त लोकगायिका के चित्र के संलग्न कईल जाउ) 2. लोकगायिका के गायन-कार्य के विवरण। (यथासंभव छायाप्रतियाँ/इमेज संलग्न कईल जाउ) 3. अब तक के प्राप्त पुरस्कार/  सम्मान के संबंधित संस्था अउरी वर्ष के उल्लेख सहित विवरण। 

(सम्मान पत्रन के छायाप्रति/इमेज संलगन कईल जाउ) 4. गायन के क्षेत्र में कईल गईल अन्य उल्लेखनीय कार्यन के विवरण। 5. लोकगायिका कम-से-कम  5 वर्ष से गायिकी करत होखसु। 6. गायिका अपना गायन में पारम्परिक गायन के प्राथमिकता देत होखसु।  7. गायिका के कम-से-कम तीन पारम्परिक गीत के सीडी/यूट्यूब लिंक भेजल अनिवार्य होई। 

उक्त सम्मान ख़ातिर पूर्ण जानकारी सहित प्रविष्टि स्वयं लोकगायिका अथवा कला अउरी संस्कृति से जुड़ल व्यक्तिय द्वारा पर्याप्त आधार/अभिमत/अनुशंसा सहित भेजल जा सकत बा। प्राप्त प्रविष्टिन के आधार पर त्रिसदस्यीय निर्णायक-मंडल द्वारा चयनित लोकगायिका के उक्त सम्मान से 'सर्व भाषा ट्रस्ट' के विशेष समारोह में अलंकृत कईल जाइ। समारोह के सूचना पहीले दीहल जाई। 

     प्रविष्टि समस्त सहपत्रन सहित सर्व भाषा ट्रस्ट के निम्नलिखित ई-मेल पर 31 अक्टूबर 2021 तक भेजल जा सकता: sbhashatrust@gmail.com/ mail@sarvbhashatrust.com

Post a Comment

1 Comments

Emoji
(y)
:)
:(
hihi
:-)
:D
=D
:-d
;(
;-(
@-)
:P
:o
:>)
(o)
:p
(p)
:-s
(m)
8-)
:-t
:-b
b-(
:-#
=p~
x-)
(k)