विज्ञापन

सोनभद्र : नाई अउरी सविता समाज के कवनो पार्टी में भला बा त उ सपा में- संजय विद्यार्थी सविता।


सोनभद्र : नाई अउरी सविता समाज के कवनो पार्टी में भला बा त उ सपा में- संजय विद्यार्थी सविता।

संजय विद्यार्थी सविता के जन चौपाल में सैकड़ों नाई अउरी मौर्या समाज के लोग  लीहले सपा के सदस्यता ।

रिपोर्ट : डी०डी० यादव

सोनभद्र। समाजवादी पार्टी जिला कार्यालय पे प्रदेश से चलके आइले पूर्व मंत्री संजय विद्यार्थी सविता के जिला पार्टी कार्यालय पे जोरदार स्वागत कइल गईल

अउरी जन चौपाल लगावल गईल जवना के अध्यक्षता समाजवादी पार्टी जिला अध्यक्ष विजय यादव जी कइनी अउरी संचालन जिला महासचिव मोहम्मद सईद कुरैशी कइले। जन चौपाल के संबोधित करत पूर्व मंत्री संजय विद्यार्थी सविता जी कहनी कि भाजपा सत्ता के दुरुपयोग कई के आपन राजनीतिक एजेंडा लागू कइल चाहत बिया। उन्हां के कहनी कि आगामी विधानसभा चुनाव के उल्टी गिनती शुरू होते भाजपा  फेर से अपना असली रूप दिखावल शुरू कर देले बिया। श्री सविता जी  कहनी कि कल्याणकारी राज्य के अवधारणा में जनता के साथ न्याय होखे के चाही ।लेकिन भाजपा राज में अराजकता के समराज बा। कार्यकर्ता लोग के आवाहन कइले कि लोकतंत्र के एह उत्सव मे गरिमा के बचावे के क्रम में पूरा निष्ठा से लागीं सभे। उन्हां के कहनी कि सपा पुख्ता रणनीति बनावत बिया। ताकि भाजपा जनता के धोखा ना दे सके। समाजवादी पार्टी के कार्यकर्ता अपना क्षेत्र में मुस्तैदी से जुड़ जाईं । मतदाता सूची में नाम बढ़ावे पर ध्यान दीं ।सबके सहयोग लीं अउरी 2022 में समाजवादी पार्टी के सरकार बनाईं। जवना से हर वर्ग के विकास हो सके ।नाइ अउरी सविता समाज के यदि कवनो पार्टी में भला बा त उ समाजवादी पार्टी बिया। जन चौपाल के संबोधित करत ।समाजवादी पार्टी जिला अध्यक्ष विजय यादव पूर्व विधायक अविनाश कुशवाहा पूर्व विधायक रमेश चंद्र दुबे  कहले  कि समाजवादी ही एगो अइसन पार्टी ह जे हर समाज के जोड़े के काम करेले। एही से आप लोगन से अनुरोध बा कि आप लोग आज से ही लवकर के साथ समाजवादी पार्टी के सरकार बनावे में लग जाईं अउरी आगामी विधानसभा चुनाव में समाजवादी पार्टी के प्रत्याशी के भारी मत से विजय बनावे के काम करीं                समाजवादी पार्टी के सदस्यता ग्रहण करने में चंदन शर्मा,रामचरण शर्मा,दुर्गा प्रसाद शर्मा,विजय ठाकुर,अखिलेश शर्मा,वीरेंद्र शर्मा,अश्विन ठाकुर,बृजेश कुमार शर्मा,मनोज कुमार शर्मा, चंद्र लाल ठाकुर, नागपुर ठाकुर, अवनीश ठाकुर,बलराम ठाकुर, संजय शर्मा, सत्येंद्र शर्मा, नंदलाल ठाकुर, बलराम ठाकुर,नंदू ठाकुर, जालम शर्मा,डॉ० मृत्युंजय शर्मा, राजकुमार शर्मा, विजय शर्मा, जटायु शर्मा,सुनील शर्मा, सोनू शर्मा,आदि। और मौर्य समाज से दिनेश मौर्य राम भजन मौर्या, बीरबल मौर्य,मंगरु मौर्य, विजय कुमार मौर्या, उमाशंकर मौर्या,रमेश कुमार मौर्या,नंदलाल मोर्य, शिवपूजनमौर्या, दयाशंकर मौर्या, महेंद्र कुशवाहा, धीरज कुशवाहा,संतोष कुशवाहा, विनय कुशवाहा,जितेंद्र कुशवाहा,विनोद कुशवाहा, नमन कुशवाहा,मुकेश कुशवाहा, हीरामनभारती, पवन कुमार कोल, आर्यन कुमार कनौजिया, सुभाष कुशवाहा, छोटू कुशवाहा, अनिल कुशवाहा,के साथ सैकड़ों भाजपा एवं बसपा छोड़ समाजवादी पार्टी के सदस्यता ग्रहण कइले जवना के प्रदेश से चलके आइल पूर्व मंत्री संजय विद्यार्थी सविता  माला पहनाके स्वागत कइले। कार्यक्रम में मुख्य रूप से राम निहोर यादव रमेश वर्मा ओम प्रकाश त्रिपाठी रामप्यारे सिंह पटेल अशोक पटेल अनिल प्रधान एवं जिला पदाधिकारी विधानसभा पदाधिकारी जिला प्रकोष्ठ पदाधिकारी नगर पदाधिकारी सेक्टर पदाधिकारी ब्लॉक पदाधिकारी अउरी वरिष्ठ नेता उपस्थित रहले ।

Post a Comment

0 Comments