विज्ञापन

संजीव गोंड़ के मंत्रिमंडल में शामिल कइला पे खुशी से झूम उठले सोनभद्र वासी।

संजीव गोंड़ के मंत्रिमंडल में शामिल कइला पे खुशी से झूम उठले सोनभद्र वासी।

सोनभद्र के आदिवासियन के स्मिता के रक्षा के उम्मीद जागल

रिपोर्ट :डी०डी०यादव

सोनभद्र। उत्तर प्रदेश के मंत्रिमंडल विस्तार में सोन माटी, सोन घाटी अउरी सोन के आदिवासी संस्कृति के महत्व देत  प्रदेश के यशस्वी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी ओबरा विधानसभा क्षेत्र के विधायक संजीव कुमार गोंड़ के मंत्रिमंडल में सम्मिलित कइल गईल। राजभवन में आयोजित मंत्रिमंडल शपथ ग्रहण समारोह मे सोनभद्र जनपद के ओबरा विधानसभा क्षेत्र के विधायक संजीव कुमार गोंड़ के महामहिम राज्यपाल आनंदीबेन पटेल द्वारा शपथ दिलावल गइल।  इ देख अतवार

 के सोनांचल वासी हर्षित हो उठले। श्री गोंड़ के मंत्री पद के शपथ लेला के बाद बारी  स्थित आवास अउरी डाला नगर पंचायत परिक्षेत्र क्षेत्र लोगन खुशी से झूम उठले अउरी बैंड बाजा के धुन पे नाचत गावत एक दूसरा के मिठाई खिलावत  बधाई देले।  संजीव कुमार गोड़ सरल अउरी मृदुभाषी स्वभाव के मिलनसार जनप्रतिनिधि के रूप में आपन साढे चार वर्ष के कार्यकाल में आटन क्षमता के अनुसार पार्टी के नीतियन के पूरा क्षेत्र में प्रसारित प्रसारित करत ना थकले।

जिला के वरिष्ठ पत्रकार भोलानाथ मिश्र  संजीव कुमार गोंड़ के प्रदेश मंत्रिमंडल में सम्मिलित कइल जाइला पे प्रसन्नता व्यक्त करत  बधाई दीहले अउरी कहले कि सोनांचल आपन अस्मिता के बचा पावे में कामयाब होई ।इ प्रबल उम्मीद प्रबुद्ध जन में जागृत हो गईल। पत्रकार मनोज तिवारी, जगदीश तिवारी, नीरज पाठक, राजवंश चौबे, मीडिया फोरम ऑफ इंडिया न्यास के प्रदेश अध्यक्ष चंद्रमणि शुक्ला, जिलाध्यक्ष राजेश गोस्वामी, समेत गुप्तकाशी सेवा ट्रस्ट के संस्थापक रवि प्रकाश चौबे,अनपरा निवासी के सी जैन,जगदीश बैसवार, प्रमोद शुक्ला, सरजु बैश्य, आनन्द दीछित, संजय तिवारी,अभिषेक विश्वकर्मा, आदि आपन बधाई देत कहले  कि संजीव कुमार गोंड़ के प्रदेश मंत्रिमंडल में सम्मिलित होखला से सोनभद्र के मान बढ गईल बा।

Post a Comment

0 Comments