विज्ञापन

बलिया : सुप्रसिद्ध रंगकर्मी आशीष त्रिवेदी के ऑल इंडिया कल्चरल काउंसिल के राष्ट्रीय सचिव मनोनित कईल गईल।



बलिया : सुप्रसिद्ध रंगकर्मी आशीष त्रिवेदी के ऑल इंडिया कल्चरल काउंसिल के राष्ट्रीय सचिव मनोनित कईल गईल।

सुप्रसिद्ध रंगकर्मी आशीष त्रिवेदी के ऑल इंडिया कल्चरल काउंसिल के राष्ट्रीय सचिव मनोनित कईल जाये पर जनपद के रंगकर्मिन , कलाकार अउरी साहित्यकार लोगन में हर्ष बा। 4,5 सितम्बर के वाराणसी के पराड़कर भवन में ऑल इंडिया कल्चरल काउंसिल के दु दिवसीय अधिवेशन संपन्न भइल जवना में राष्ट्रीय कार्यकारिणी के घोषणा कईल गईल । एहमें बलिया जनपद के सुप्रसिद्ध रंगकर्मी अउरी रंग निर्देशक आशीष त्रिवेदी के राष्ट्रीय सचिव मनोनित कईल गईल।‌आशीष त्रिवेदी  अधिवेशन से लौटला के बाद बतावले कि ऑल इंडिया कल्चरल काउंसिल कला अउरी कलाकारन के संरक्षण अउरी उनकरा बेहतरी ख़ातिर काम करे वाली संस्था ह । एहमें रंगमंच के अलावा साहित्य , सिनेमा , संगीत अउरी ललित कला से जुड़ल कलाकार भी  शामिल बा लोग। उ कहले कि साहित्य कला अउरी संस्कृति ही कवनो समाज के बेहतर बनावेले  लेकिन दुर्भाग्यवश ई चीज कवनो भी सरकार के एजेंडा में नइखे। कला अउरी कलाकार दुनों ही उपेक्षित बा । एह संस्था के माध्यम से हमार कोशिश होई कि हम कलाकारन के हित के साथ कला के संरक्षण ख़ातिर साझा प्रयास से कुछ बेहतर कर सकी ‌। वाराणसी के वरिष्ठ रंगकर्मी सलीम राजा  काउंसिल के राष्ट्रीय अध्यक्ष अउरी धनबाद के रंगकर्मी संजय भारद्वाज आरोही महासचिव बाड़े ।  त्रिवेदी जी बतवले कि जल्द ही प्रदेश अउरी जनपद स्तर पर कार्यकारिणी के विस्तार कईल जाई। बतावत चलल जाउ कि आशीष त्रिवेदी विगत बीस वर्षन से रंगमंच पर लगातार सक्रिय बाड़े । एह दौरान संकल्प साहित्यिक , सामाजिक अउरी सांस्कृतिक संस्था के गठन कई दु दर्जन  से अधिक नाटकन के निर्देशन कई देश के प्रमुख नाट्य समारोहन में उनकर प्रस्तुति कईल बा। आशीष त्रिवेदी भारत सरकार के संस्कृति मंत्रालय द्वारा फेलोशिप अवार्ड से सम्मानित  स्वयं रंगमंच पर  एगो बेहतरीन अभिनेता के रूप में भी स्थापित बाड़े । साहित्य कला अउरी संस्कृति ख़ातिर समर्पित भाव से काम करे वाला आशीष त्रिवेदी के इंडिया कल्चरल काउंसिल के राष्ट्रीय सचिव मनोनित कईल जाये पर जनपद के वरिष्ठ साहित्यकार डॉ जनार्दन राय,  डॉ राजेंद्र भारती , डॉ गणेश पाठक डॉ०निशा राघव , कुंवर अरून सिंह , उमेश सिंह , उपेन्द्र सिंह, शालिनी श्रीवास्तव, डा० कादम्बिनी सिंह,भानु प्रताप सिंह, विजय प्रकाश पाण्डेय , शैलेन्द्र मिश्र  अरविंद गुप्ता, आनन्द कुमार चौहान, ट्विंकल गुप्ता, मुकेश चौहान, अनुपम पाण्डेय इत्यादि जनपद के साहित्यकार लोग , बुद्धिजीवि लोग अउरी कलाकार लोग  बधाई अउरी शुभकामनाएं दीहले।

Post a Comment

0 Comments