विज्ञापन

रेलवे अपडेट : त्योहार के देखिके बलिया, ग़ाज़ीपुर होके दिल्ली ख़ातिर पूजा स्पेशल त बस्ती, गोंडा, सीतापुर होक गोरखपुर से दिल्ली ख़ातिर पूजा स्पेशल ट्रेन होइ शुरू, जानी कहिया से।

रेलवे अपडेट : त्योहार के देखिके बलिया, ग़ाज़ीपुर होके दिल्ली ख़ातिर पूजा स्पेशल त बस्ती, गोंडा, सीतापुर होक गोरखपुर से दिल्ली ख़ातिर पूजा स्पेशल ट्रेन होइ शुरू, जानी कहिया से।

गोरखपुर 13 अक्टूबर, 2021: रेलवे प्रशासन द्वारा पूजा त्यौहार के अवसर पर यात्रिन के होखे वाली अतिरिक्त भीड़ के ध्यान में रखत यात्री जनता की सुविधा ख़ातिर 05315/05316 छपरा-दिल्ली-छपरा साप्ताहिक पूजा विशेष गाड़ी अउरी 05195/05196 गोरखपुर-दिल्ली-गोरखपुर साप्ताहिक पूजा विशेष गाड़ी के संचालन निम्नवत् कईल जाई। एह गाड़िन में सभ कोच आरक्षित श्रेणी के होई अउरी एहमें यात्रा करे वाला यात्रिन के कोविड-19 के मानकन के पालन करेके होई।

05315 छपरा-दिल्ली साप्ताहिक पूजा विशेष गाड़ी 26 अक्टूबर से 30 नवम्बर, 2021 तक प्रत्येक मंगलवार के छपरा से 11.15 बजे प्रस्थान कई बलिया से 12.28 बजे, युसूफपुर से 13.15 बजे, गाजीपुर सिटी से 13.41 बजे, औंड़िहार जं. से 14.40 बजे, डोभी से 15.15 बजे, केराकत से 15.25 बजे, जौनपुर से 16.40 बजे, शाहगंज से 17.15 बजे, अकबरपुर से 17.56 बजे, फैजाबाद से 19.10 बजे, लखनऊ (उत्तर रेलवे) से 22.40 बजे, दूसरका दिन हरदोई से 01.00 बजे, शाहजहाॅपुर से 02.55 बजे, आवला से 05.07 बजे, चन्दौसी से 06.10 बजे, मुरादाबाद से 08.03 बजे, अमरोहा से 08.37 बजे, हापुड़ से 09.38 बजे, गाजियाबाद से 10.29 बजे अउरी दिल्ली शहादरा से 10.53 बजे छूटके दिल्ली 11.20 बजे पहुॅची। वापसी यात्रा में 05316 दिल्ली-छपरा साप्ताहिक पूजा विशेष गाड़ी 27 अक्टूबर से 01 दिसम्बर, 2021 तक प्रत्येक बुधवार के दिल्ली से 14.00 बजे प्रस्थान कई दिल्ली शहादरा से 14.16 बजे, गाजियाबाद से 14.54 बजे, हापुड़ 15.32 बजे, अमरोहा से 16.32 बजे, मुरादाबाद से 17.30 बजे, चन्दौसी से 19.00 बजे, , आंवला से 19.57 बजे, शाहजहाॅपुर से 22.42 बजे, हरदोई से 23.34 बजे, दूसरका दिन लखनऊ (उत्तर रेलवे) से 01.20 बजे, फैजाबाद से 04.40 बजे, अकबरपुर से 06.15 बजे, शाहगंज से 07.10 बजे, जौनपुर से 08.30 बजे, केराकत से 08.59 बजे, डोभी से 09.08 बजे, औंड़िहार से 09.37 बजे, गाजीपुर सिटी से 10.33 बजे, युसूफपुर से 10.50 बजे अउरी बलिया से 11.58 बजे छूटके छपरा 13.20 बजे पहुॅची। एह विषेष गाडी के संरचना में एस.एल.आर.डी. के 02, साधारण द्वितीय श्रेणी के 09, शयनयान के 09, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के 02 आई वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के 01 कोच सहित कुल 23 कोच लगावल जाई। 

05195 गोरखपुर-दिल्ली साप्ताहिक पूजा विशेष गाड़ी 31 अक्टूबर से 05 दिसम्बर, 2021 तक प्रत्येक रविवार गोरखपुर से 21.35 बजे प्रस्थान कई बस्ती से 22.38 बजे, गोण्डा से 23.53 बजे, सीतापुर से 04.10 बजे, बरेली से 07.12 बजे, मुरादाबाद से  09.10 बजे, तथा गाजियाबाद से 11.42 बजे छूटके दिल्ली 12.30 बजे पहुॅची। वापसी यात्रा में 05196 दिल्ली-गोरखपुर साप्ताहिक पूजा विषेष गाड़ी 01 नवम्बर से 06 दिसम्बर, 2021 तक प्रत्येक सोमवार के दिल्ली से 15.05 बजे प्रस्थान कर  गाजियाबाद से 15.55 बजे, मुरादाबाद से 18.33 बजे, बरेली से 19.59 बजे, सीतापुर से 22.55 बजे, दूसरका दिन गोण्डा से 01.45 बजे, अउरी बस्ती से 02.59 बजे छूटके गोरखपुर 04.45 बजे पहुॅची। एह विशेष गाडी के संरचना में जनरेटर सह लगेज यान के 01, एस.एल.आर.डी. का 01, साधारण द्वितीय श्रेणी के 04, शयनयान श्रेणी के 07, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के 06 अउरी वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के 02 कोच सहित कुल 21 कोच लगाये जाई।



डिस्क्लेमर : हालांकि एह सूचना के देवे में पूरा सावधानी बरतल गईल बा, बाकिर तब भी ट्रेन के समय सारणी के अपना नजदीकी रेलवे स्टेशन से जरूर मिला लेब, कवनो प्रकार के त्रुटि ख़ातिर प्रकाशक (भोजपुरी न्युज़ टीम) जिम्मेदार ना होइ।


Post a Comment

0 Comments