विज्ञापन

हिन्दू देवी देवता के प्रति अभद्र टिप्पणी करे वाला गिरफ्तार।

हिन्दू देवी देवता के प्रति अभद्र टिप्पणी करे वाला गिरफ्तार।

रिपोर्ट : डी०डी० यादव

सोनभद्र-अनपरा। माँ दुर्गा के प्रति अश्लील पोस्ट सोशल मीडिया पर पोस्ट करे के आरोप में पुलिस अनपरा थाना क्षेत्र के  अनपरा कॉलोनी निवासी आनोज कुमार के गिरफ्तार कई संबंधित धारा में ओकर चालान कई जेल भेजलस। शुक्रवार के शाम थाना प्रभारी निरीक्षक श्रीकांत राय के समाजिक कार्यकर्ता हिन्दू धर्म में आस्था रखे वाला लोग अनपरा थाना के लिखित शिकायत दर्ज करावल की सोशल मीडिया के अकाउंट पर थाना क्षेत्र के अनपरा कॉलोनी निवासी आनोज कुमार माँ दुर्गा के प्रति अभद्र अउरी अश्लील पोस्ट डाल के हिंदू समाज में विद्वेष डाले के प्रयास कइले ब। एह पोस्ट के जईसे-जईसे लोग पढ़ रहल बा उ लोग के आक्रोश बढ़त जा रहल बा। एह सूचना पर पुलिस आरोपी के गिरफ्तार कई लिहलस। दिहल गईल तहरीर में सरजू वैसवार, अभिषेक विश्वकर्मा, पवन सिंह, रविजीत सिंह कंग, रतन गुप्ता, पप्पू वैसवार सहित दर्जन लोग लिखले बा कि हिंदू धर्म के पूजनीय माँ दुर्गा के अपमानित करे के साथ अश्लील पोस्ट डालल गईल बा। जबना से हिन्दू धर्म मे आस्था रखे वाला लोगन में काफी नाराजगी बा। एह संबंध में प्रभारी निरीक्षक श्रीकांत राय बतावले कि कवनो भी समाज के व्यक्ति के केहु के प्रति अउरी उनकरा धर्म अउरी आस्था के साथ गलत पोस्ट अउरी सोशल मीडिया के प्रयोग कईल दंडनीय अपराध बा। पुलिस तहरीर के आधार पर रिपोर्ट दर्ज कई अनपरा कॉलोनी निवासी आरोपी आनोज कुमार के गिरफ्तार कर लिहलस। आईपीसी के धारा 138/21, 295 ए व 67 के तहत ओकर चालान कई जेल भेज दिहल गईल।

Post a Comment

0 Comments