विज्ञापन

गोरखपुर सांसद रवि किशन जी अयोध्या के रामलीला में निभाईनी भगवान परशुराम के भूमिका, कहनी रामलीला गांव गांव में होखे के चाही आयोजीत।

तस्वीर स्रोत -रवि किशन जी के ट्विटर हैंडल

गोरखपुर सांसद रवि किशन जी अयोध्या के रामलीला में निभाईनी भगवान परशुराम के भूमिका, कहनी रामलीला गांव गांव में होखे के चाही आयोजीत।

अयोध्या के रामलीला में गोरखपुर के सांसद रविकिशन जी भी महत्वपूर्ण भूमिका निभइनी। उन्हा भगवान पशुराम के भूमिका निभइनी। अयोध्या में हो रहल रामलीला में अभिनय करे पहुंचनी सांसद रवि किशन जी कहनी कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी के नेतृत्व में अयोध्या में दिवाली मनावल जाइला के साथ ही साथ पुनः अयोध्या में विकास अउरी रामराज के कल्पना साकार होई । अयोध्या में अद्भुत रामलीला के आयोजन चल रहल बा । जवना हम भगवान परशुराम के भूमिका के अभिनय प्रस्तुत करत बानी।

सांसद रवि किशन जी कहनी कि हमरा  खातिर मर्यादा पुरुषोत्तम प्रभु श्रीराम के नगरी अयोध्या में रामलीला के मंच पे अभिनय कइल जीवन के सबसे बड़ सौभाग्य बा। अभिनय के क्षेत्र में गांव के रामलीला के मंच  हम अभिनय के शुरूआत कइनी अउरी गांव के रामलीला के मंच से अयोध्या के रामलीला के मंच तक के लंबा सफर तय कइले बानी। श्रीराम के शरण में आके अउरी अभिनय कई के हम अपना आप के सौभाग्यशाली समझत बानी । सांसद रवि किशन शुक्ला जी  कहनी कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के नेतृत्व में प्रदेश के अउरी अयोध्या के चौमुखी विकास हो रहल बा। आज अयोध्या विश्व मानचित्र पे स्थापित भइल । एकर श्रेय प्रधानमंत्री नरेंद्र भाई मोदी अउरी सीएम योगी आदित्यनाथ जी के जाता । सांसद रवि किशन शुक्ला जी कहनी कि राम अउरी राष्ट्र के सम्मान के साथ ही साथ गरीब दीन दुखियन के विकास के कार्य मोदी अउरी योगी जी के नेतृत्व में चल रहल बा ।विकास अउरी राष्ट्रवाद के इ अभियान निरंतर आगे बढ़त रहे। परशुराम के भूमिका हमरा खातिर विशेष बा।

सांसद जी कहनी कि रामायण से हम  मर्यादा पुरुषोत्तम प्रभु श्री राम के चरित्र से प्रेरणा लेके  एह समाज के एगो दिशा देवे के कार्य करें। रामलीला के परंपरा धीरे-धीरे समाप्त होखत बा । एकरा के गांव-गांव में आयोजित होखे के चाही।

Post a Comment

0 Comments