विज्ञापन

IPL 2021 : आईपीएल 2021 के खिताब चेन्नई सुपरकिंग्स कइलस अपना नाम, दुबई में खेलल गईल फाइनल मुकाबला में KKR के 27 रन से हरावलस।

IPL 2021 : आईपीएल 2021 के खिताब चेन्नई सुपरकिंग्स कइलस अपना नाम, दुबई में खेलल गईल फाइनल मुकाबला में KKR के 27 रन से हरावलस।

चेन्नई सुपरकिंग्स (CSK) इंडियन प्रीमियर लीग (IPL) 2021 के खिताब जीत लिहलस। दुबई में खेलल गईल फाइनल मुकाबला में CSK  कोलकाता नाइट राइडर्स (KKR) के 27 रन से हरावलस। जहां धोनी के टीम चौथा बार आईपीएल खिताब जीते में सफल रहल, ओहीजे केकेआर के तीसरका बार खिताब जीते के सपना चकनाचूर हो गईल।

पहीले बल्लेबाजी करत, सीएसके  तीन विकेट पर 192 रन बनावलस, जबकि फाफ डु प्लेसिस 86 रन बनवले। रितुराज गायकवाड़ अउरी रॉबिन उथप्पा ने क्रमश: 32 और 31 रन बनवले लोग। केकेआर ख़ातिर गेंदबाजी में सुनील नरेन 26 रन देके 2 विकेट लिहले।

जवाब में, केकेआर 91 रन के शुरुआती साझेदारी के बावजूद 9 विकेट पर खाली 165 रन बनावलस। सलामी बल्लेबाज शुभमन गिल अउरी वेंकटेश अय्यर क्रमश: 51 अउरी 50 रन बनावल लोग। सीएसके ख़ातिर गेंदबाजी में शार्दुल ठाकुर 38 रन देके तीन विकेट लिहले।

प्लेयर ऑफ द मैच फाफ डु प्लेसिस के त प्लेयर ऑफ द सीरीज अउरी पर्पल कैप हर्षल पटेल के, ओहीजे ऑरेंज कैप रितु राज गायकवाड़ के मिलल। 

Post a Comment

0 Comments