विज्ञापन

देवरिया : सागौन के डाढ़ी काटत समय करंट के चपेट में आके युवक के मौत, मचल कोहराम।

देवरिया : सागौन के डाढ़ी काटत समय करंट के चपेट में आके युवक के मौत, मचल कोहराम।

जिला के रुद्रपुर कोतवाली क्षेत्र के एगो गांव में अतवार के दोपहर में सागौन के डाल काटत समय करंट के चपेट में आइला से एगो युवक के मौत हो गईल। सूचना पे पहुचल पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम के खातिर भेज दिहलस। मौत के सूचना पे घर में कोहराम मच गइल।रुद्रपुर कोतवाली क्षेत्र के माहीगंज गांव के जोड़पुरवा गांव के रहे वाला राम श्रृंगार निषाद( 40 ) पुत्र रामदरश निषाद, विदेश रहत रहले। 4 वर्ष पूर्व उ गांव में आइल रहले।गांव आइला बाद से उ घर पे खेती बारी करे लगले । उ अपना खेत में सागौन के पेड़ लगइले  रहले। अतवार के दुपहरिया में रामश्रृंगार अपान खेत में लागल सागौन पेड़ के डाली के छटाई करत रहले। एही बीच डाल से सट के जात रहल 33 हजार वोल्ट के विद्युत तार पेड़ में स्पर्श क गईल। जवना में युवक विद्युत करंट के चपेट में आ गईले। उ पेड़ पे ही चिपक गईले ।

गांव के लोग  युवक के पेड़ में चिपकल देख माहीगंज स्थित 132/33 विघुत उपकेन्दर पे पहुंचले अउरी आपूर्ति के बंद करइले। ग्रामीण एकरा बाद युवक के पेड़ से नीचे उतार के रुद्रपुर स्वास्थ्य केंद्र ले गइले। जहां चिकित्सक   मृत घोषित कई दिहले। चिकित्सक  एकर सूचना रुद्रपुर कोतवाली पुलिस के दीहले। सूचना पे पहुंचल पुलिस ने शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम के खातिर भेज दिहले। युवक के मौत के सूचना मिलते ही घर में कोहराम मच गइल। 

Post a Comment

0 Comments