विज्ञापन

देवरिया : नकाब काटके घर में घुसले चोर,लाखों रुपया के कीमती जेवरात उड़वले।

देवरिया : नकाब काटके घर में घुसले चोर, लाख रुपया के कीमती जेवरात उड़वले।

रिपोर्ट : कन्हैया कुमार

बघौचघाट। स्थानीय थाना क्षेत्र के एगो गांव में बीतल रात चोर एगो घर के निशाना बनवले सन।घर के पीछे दीवार में सेंध मारी के घर में घुसल चोर  खूब इत्मीनान से कमरा में रखल अटैची अउरी बॉक्स के तूरी के लाखो रुपया के कीमती जेवरात समेत कपड़ा चोरा ले गईले सन।सबेरे घर वाला एह नजारा के देखके दंग रह गईले। अउर एकर सूचना पुलिस के दीहले।सूचना पर पहुंचल डायल 112 पुलिस  घटना के तहकीकात कइले।पीड़ित एह मामला के पुलिस के तहरीर देके कार्यवाही के गुहार लगवले।

 बघौचघाट थाना क्षेत्र के मेदीपट्टी टोला खुदवा निवासी रफी मोहम्मद पुत्र तहसीलदार शनिचर देर शाम अपना घर में ताला बंद कर परिजन के साथ अपना ससुराल थाना क्षेत्र के रामपुर महुआबारी टोला बेलम्हा बाजार गईल रहले।सबेरे जब उ वापस घर लौटले अउरी घर के ताला खोल कमरा में प्रवेश कइले त नजारा देखके दंग रह गईले।चोर  कमरा में रखल  अटैची के खूब इत्मीनान से तोड़के ओहमें रखल करीब लाख रुपया के कीमती जेवरात समेत कपड़ा चोरा ले गईले ।शेष पुरान कपड़ा अउर टूटल पड़ल अटैची,बाक्स कमरा में बिखरल पड़ल रहे।पीड़ित एकर सूचना डायल 112 पुलिस के दीहले। मौका पर पहुंचल पुलिस मामला के तहकीकात करत बिया।पीड़ित रफी मोहम्मद  बतवले की ससुराल में शादी पड़ल बा जेकर संपूर्ण जिम्मेदारी उनके ही पूरा करे के बा।घर के महिला के गहना के साथ ही शादी में देवे के खातिर रखल कीमती गहना और कपड़ा चोर चुरा ले गईले।पीड़ित  पुलिस के एह मामला में तहरीर देके न्याय के गुहार लगवले।प्रभारी निरीक्षक उपेंद्र कुमार मिश्र  बतवले कि तहरीर मिलल बा।घटना के तहकीकात होत बा।



Post a Comment

0 Comments