विज्ञापन

कुशीनगर : मिनी ट्रक के चपेट में अइले बाइक सवार पिता-पुत्री, पिता के मौत, पुत्री गम्भीर रूप से घायल।

कुशीनगर : मिनी ट्रक के चपेट में अइले बाइक सवार पिता-पुत्री, पिता के मौत, पुत्री गम्भीर रूप से घायल।

जिला के कसया-तुर्कपट्टी मार्ग स्थित खरदर पुल के पासे मंगर के दोपहर में मिनी ट्रक के चपेट में आइला से बाइक सवार पिता के मौका पे ही मौत हो गईल।जबकि पुत्री गंभीर रूप से घायल हो गइल। ओकरा के कसया सीएचसी भेजावल गईल।जहां प्राथमिक उपचार के बाद डॉक्टर ने जिला अस्पताल रेफर कइ दिहले। हादसा के बाद मिनी ट्रक के छोड़के चालक भाग गईल। पुलिस दूनों वाहन के कब्जा में ले लिहलस।

कुबेरस्थान थाना क्षेत्र के गांव अमवां बुजुर्ग (मठिया टोला) निवासी रामानंद प्रजापति (50) पुत्र  घरभरन प्रजापति आपन बेटी अंजना (17) के साथे तरकुलवा थाना क्षेत्र के रामपुर पटवां गांव में एगो वैवाहिक समारोह में बाइक से गइल रहले। उहा से मंगर के दुपहरिया में घरे लौटत रहले । जैसे ही तुर्कपट्टी मार्ग स्थित खरदर पुल के पासे पहुंचले कि सामने से आवत रहल तेज रफ्तार मिनी ट्रक के चपेट में आ गईले। हादसा में रामानंद के मौका पे ही मौत हो गईल। जबकि उनकी पुत्री अंजना गंभीर रूप से घायल हो गईल। आस-पास के लोग  घटना के सूचना पुलिस के दीहले अउरी घायल अंजना के सीएचसी कसया भेजवइले। जहां प्राथमिक उपचार के बाद डॉक्टर  जिला अस्पताल रेफर कई दिहले। मौका पे पहुंचल पुलिस मिनी ट्रक के कब्जा में लेके थाना ले आईल। शव के पोस्टमार्टम के खातिर भेज दिहलस। 

Post a Comment

0 Comments