विज्ञापन

कुशीनगर : मंडल स्तरीयसामूहिक विवाह समारोह में शामिल भइनी मुख्यमंत्री जी, 2503 दम्पति के दिहनी आशीर्वाद।

कुशीनगर : मंडल स्तरीयसामूहिक विवाह समारोह में शामिल भइनी मुख्यमंत्री जी, 2503 दम्पति के दिहनी आशीर्वाद।

जिला में सोमार के 2,503 जोड़ा  सात फेरा लिहले। एह सामूहिक विवाह कार्यक्रम में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी शामिल भइनी। उन्हा के कहनी कि एह विवाह समारोह के सबसे बड़ बात इ बा कि एमें ना ही जाति के भेद बा, ना ही मज़हब के और ना ही क्षेत्र के भेद बा।

उन्हां के बतवनी कि सामूहिक विवाह कुप्रथा के खिलाफ एगो आंदोलन बा। एह में दहेज प्रथा और बाल विवाह जइसन कुप्रथा पर अंकुश लागी। अधिकारी से लेके मंत्री तक सामूहिक विवाह में शामिल होइला से वर-वधुअन के रुतबा भी बढ़ी। जे लोग एह विवाह में आइला से वंचित रह गइले इहां मौजूद लोग वापस जाइला के बाद उन्हा भी एह बारे में जाके बतइहन।मुख्यमंत्री सोमार के जनपद मुख्यालय रवींद्रनगर स्थित बुद्घा पार्क में उत्तर प्रदेश भवन एगो सन्निर्माण कर्मकार कल्याण बोर्ड के तरफ से आयोजित सामूहिक विवाह कार्यक्रम में बतौर मुख्य अतिथि बोलत रहनी । कन्या विवाह सहायता योजना के तहत एह सामूहिक विवाह में कुशीनगर, देवरिया, गोरखपुर अउरी महराजगंज जिला से 2503 जोड़ा अउरी उनकर परिवार से दस-दस लोगन के आमंत्रित कइल गईल रहल।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी कहनी कि श्रमिकन पे ही राष्ट्र के नींव बा। इ देश के मजबूती प्रदान करी। उन्हा के कहनी कि इ वैवाहिक समारोह कुशीनगर के खातिर बड़ उपलब्धि बा।, जहां गोरखपुर, देवरिया अउरी महराजगंज जिला से भी वर-वधू आइल बाड़े। इ कार्यक्रम खुशहाली के प्रतीक बा।मुख्यमंत्री जी कहनी कि एह सामूहिक विवाह कार्यक्रम कई गो बुराइयन पे भी अंकुश लगावे के माध्यम बन रहल बा। एह से बाल विवाह अउरी दहेज प्रथा जैसन कुरीतियन पे रोक लागी। उन्हाके आपन सरकार के उपलब्धियां गिनात लॉकडाउन के दौरान सबके खातिर भरण-पोषण, मुफ्त इलाज, मुफ्त अनाज के बारे में विस्तार से बतवनी।

उन्हा के बतवनी कि यूपी में 16 करोड़ लोगन के मुफ्त खाद्यान्न दिहल जाई। दीपावली से होली तक  मुफ्त देवे के घोषणा कइल गईल बा। उन्हा के कहनी कि प्रदेश में 45 लाख आवास, 2.61 करोड़ गरीब के खातिर शौचालय, 1.40 करोड़ गरीब परिवार के निशुल्क विद्युत कनेक्शन, 1.56 करोड़ लोगन के मुफ्त रसोई गैस, 90 लाख लोगन के विधवा, वृद्घा, विकलांग पेंशन आउरी 2.64 करोड़ लोगन के किसान सम्मान निधि के लाभ दिहल गईल ।

 एह दौरान उत्तर प्रदेश सरकार के श्रम एवं सेवायोजन मंत्री अउरी सदर विधायक स्वामी प्रसाद मौर्य, विधायक रजनीकांत मणि त्रिपाठी, विपिन सिंह, जटाशंकर त्रिपाठी, गंगा सिंह कुशवाहा, पवन केडिया, गो सेवा आयोग के उपाध्यक्ष अतुल सिंह, यूपी एग्रो के अध्यक्ष जगदीश मिश्र उर्फ बाल्टी बाबा, उत्तर प्रदेश बीज विकास निगम के उपाध्यक्ष राजेश्वर सिंह सहित कई लोग मौजूद रहले।

एह सभ जोड़ा के उत्तर प्रदेश भवन अउरी अन्य सन्निर्माण कर्मकार कल्याण बोर्ड के अंतर्गत कन्या विवाह अनुदान योजना के तहत कुल 75 हजार रुपये के सहायता भी दी गईल। एह कार्यक्रम में गोरखपुर मंडल के चारों जनपद (गोरखपुर, कुशीनगर, देवरिया अउरी महराजगंज) के मिलाके 2,365 हिंदू अउरी 138 मुस्लिम सहित कुल 2,503 जोड़न के विवाह एक साथे संपन्न भइल।  

जिला               जोड़ा

गोरखपुर            817

महाराजगंज        634

कुशीनगर          654

देवरिया             398

योग                 2503

Post a Comment

0 Comments