विज्ञापन

देवरिया : UP TET Exam - टीईटी के पर्चा लीक करावे वाला सभ लोगन पे गैंगस्टर के कार्रवाई होई।

देवरिया : UP TET Exam - टीईटी के पर्चा लीक करावे वाला सभ लोगन पे गैंगस्टर के कार्रवाई होई।



जिला के भाटपाररानी क्षेत्र के रघुराज प्रताप सिंह इंटरमीडिएट कॉलेज में मूर्ति लोकार्पण अउरी विकास योजनाओं के शिलान्यास के दौरान अतवार के प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जू कहनी कि टीईटी के पर्चा लीक करावे वाला के घर पे बुलडोजर चलावल जाई। चाहे उ केहू भी काहे न हो। सभ लोगन पे गैंगस्टर के कार्रवाई होई। अभी तक 23 लोग पकड़ गईल बाड़े। जे फरार ओकनी के भी गिरफ्तार करे के खातिर छापेमारी कइल जाता ।उन्हा के कहनी कि टीईटी के परीक्षा एक माह के भीतर करावल जाई। अभ्यर्थिय के कवनो परेशानी न हो एकरा खातिर सभ जिला प्रशासन के निर्देश जारी कई दिहल गईल बा। अभ्यर्थी आपन एडमिट कार्ड देखा के रोडवेज के बस में यात्रा कर सकता । रोडवेज के एकर निर्देश दे दिहल गईल बा।मुख्यमंत्री जी माफिया के जिक्र करत  विपक्षी दलन पे निशाना साधले। उन्हा के कहनी कि पिछली सरकार में ये सरपस्त होत रहले। आज इनकर संपत्तियन पे बुलडोजर चलत बा त कुछ लोगन के बुरा लागत बा। उन्हा के कहनी कि इ अउरी एकर सरपसत भस्मासुर बाड़े। आप इन्हें प्रश्रय न दें।

मुख्यमंत्री जी कहनी कि देवरिया अउरी कुशीनगर चीनी के कटोरा रहे।  लेकिन सपा-बसपा के सरकार  21 चीनी मिलन के बेच दिहलस। हम जिला प्रशासन से जमीन उपलब्ध करावे के कहनी । जमीन मिलते ही देवरिया में एगो चीनी मिल बनी।उन्हा के कहनी कि सपा-बसपा के सरकार में आए दिन दंगा होते रहे। सपा के पांच वर्ष के शासन में अकेले देवरिया में तीन गो  दंगा भइल रहु। दुर्गा पूजा में लार में दंगा हो जात रहे। त्योहार पे भाटपाररानी में तनाव हो जात रहे, भटनी में घर फूंक दिहल जात रहे। एगो जगह त दंगाई थाना के असलहा ही लूट लिहले  रहले। तब सरकार पीड़ितन के जगह दंगाइयन के साथ खड़ी होत रहे।  अब ऐसन नइखे होत। पिछला साढ़े चार साल में कहीं दंगा नइखे भइल।

एह दौरान मुख्यमंत्री जी केंद्र अउरी प्रदेश सरकार के योजनाओं के जिक्र करते  कहले कि डबल इंजन के सरकार आज सबके विकास करत बिया। उन्हा के कोरोना काल में कइल गईल  कार्यों के गिनावण  कहले कि अब तक 15.84 करोड़ लोगन के टीका लगावल जा चुकल बा। यह सभ के सहयोग से ही संभव हो सकल बा।  सभ से टीका लगावे के अपील कइनी। अंत में भाटपाररानी में 2022 में कमल खिलावे के अपील करत  कहनी कि एह बार 2017 के चूक ब्याज समेत चुकावे के बा। केहू के झासा में नइखे आवे के।

Post a Comment

0 Comments