विज्ञापन

कुशीनगर के प्रो. रोहित के राज्यपाल महोदया कइनी सम्मानित।

कुशीनगर के प्रो. रोहित के राज्यपाल महोदया कइनी सम्मानित।

रिपोर्ट : भगवन्त यादव संबाददाता

कुशीनगर जिला के कसया क्षेत्र के सिधावें निवासी प्रो. रोहित तिवारी के मदन मोहन मालवीय प्राद्यौगिकी विश्वविद्यालय में प्रदेश के महामहिम राज्यपाल श्रीमती आनंदीबेन पटेल द्वारा कंप्यूटर साइंस अउरी इंजीनियरिंग में पीएचडी के उपाधि प्रदान कई के सम्मानित कइली| प्रो. रोहित आपन पीएचडी पाठ्यक्रम में कंप्यूटर साइंस एंड इंजीनियरिंग के उभरत  फील्ड क्लाउड कंप्यूटिंग में शोध कइले बाडे़ जेकर उपयोग करके कम से कम कीमत में क्लाउड सर्विसेज के ख़रीदल जा सकेला |आपन पीएचडी के दौरान प्रो. तिवारी के चार शोध पत्र अंतरराष्ट्रीय जर्नल में प्रकाशित भइल बा। जेकर उपयोग अन्य शोधार्थी करत बाड़े | उनकर एगो शोध पत्र कंप्यूटर साइंस एंड इंजीनियरिंग विषय के नंबर दो अंतरराष्ट्रीय जर्नल में प्रकाशित बा | रोहित आपन दसवीं के पढ़ाई 2007 में कसया के ब्राइट चिल्ड्रेन्स अकेडमी से कइले, जबकि बारहवीं के पढाई जी एन नेशनल पब्लिक स्कूल से 2009 में पूरा कइले |एकरा बाद उ बुंदेलखंड अभियांत्रिकी  प्राद्यौगिकी संस्थान झाँसी से कंप्यूटर साइंस एंड इंजीनियरिंग में बीटेक के पढ़ाई 2013 में कइले | 2015 में राष्ट्रीय प्राद्यौगिकी संस्थान कुरुक्षेत्र से कंप्यूटर इंजीनियरिंग में गोल्ड मेडल के साथ एमटेक कइले | एक साल तक आईटी सेक्टर में सॉफ्टवेयर एवं फॉउन्डिंग इंजीनियर के पद में काम कइले। फेर वर्ष 2016 से मोहन मालवीय प्राद्यौगिकी विश्वविद्यालय में कंप्यूटर साइंस एंड इंजीनियरिंग  विभाग में असिस्टेंट प्रोफेसर के पद पर कार्यरत बाड़े | 2017 से पीएचडी पार्ट टाइम में करत  2021 में उहां के पीएचडी के उपाधि प्राप्त कइले | डॉ रोहित अब आम लोगन के जीवन में इनफार्मेशन टेक्नोलॉजी से कइसे सरल बनावल जाओ ओहपर काम करत बाड़े और जल्द ही उ दैनिक मजदूरन खातिर एगो एप्लीकेशन बनावत बाड़े, जवना से उनके घर बैठे से नौकरी मिल जाओ के लांच करिहें |

उनकर सफलता पर परिवार में खुशी के माहौल बा। इनकर सफलता पर पिता रबीश त्रिपाठी, माता सुभावती देवी, बडे भाई पत्रकार संदीप त्रिपाठी, प्रवक्ता वरुण त्रिपाठी के अलावा सांसद विजय दुबे, पूर्व सांसद राजेश पांडेय, कुशीनगर विधायक रजनीकांत मणि त्रिपाठी, खड्डा विधायक जटाशंकर त्रिपाठी, पूर्व मंत्री ब्रह्माशंकर त्रिपाठी, मनोज शर्मा, डा. देवेंद्र मणि त्रिपाठी, शैलेंद्र दत्त शुक्ल, राजेश प्रताप राव, मुन्ना मिश्रा, अजय त्रिपाठी, रजनीश मिश्र, अनील त्रिपाठी, नरेन्द्र देव त्रिपाठी, पत्रकार भगवंत यादव  प्रधान भोलू,रमेश आदि ने बधाई दीहले।

Post a Comment

0 Comments