विज्ञापन

आर्यावर्त सनातन महासभा भारत के परिचय सम्मेलन अउरी कोरोना योद्धा सम्मान पत्र कार्यक्रम देवरिया में भइल।

 


आर्यावर्त सनातन महासभा भारत के परिचय सम्मेलन अउरी कोरोना योद्धा सम्मान पत्र कार्यक्रम देवरिया में भइल।

संगठन के राष्ट्रीय अध्यक्ष राकेश कुमार पांडेय जी के जनपद देवरिया में प्रथम आगमन पर कार्यकर्ता लोग ज़ोरदार स्वागत कईल। राष्ट्रीय अध्यक्ष जी के साथ अनुशासन समिति अध्यक्ष हनुमान प्रसाद मिश्र, प्रदेश महामंत्री आनंद शुक्ला जी के भी जनपद में प्रथम आगमन भइल। जनपद में प्रथम आगमन के लेके कार्यकर्ता लोगन में जबरदस्त उत्साह लउकल।

उक्त कार्यक्रम  में कार्यक्रम संयोजक  श्यामध्यान पाठक जी के प्रदेश अध्यक्ष के पद पर मनोनीत कईल गईल। राष्ट्रीय अध्यक्ष द्वारा आलोक रंजन मिश्रा जी के निगरानी समित के अध्यक्ष मनोनीत कईल गईल अउरी एकरा साथ ही हरीश मणि त्रिपाठी जी के संयोजक I.T के पद पर मनोनीत कईल गईल। शिवराम मिश्रा जी के जिलाध्यक्ष जनपद देवरिया, ई0 R. K श्रीवास्तव जी के बनारस के जिला प्रभारी पद, महेन्द्र पांडेय जी को जिला प्रभारी, संजीव पांडेय जी के जिला मंत्री, गोपाल मिश्रा जी के  जिला उपाध्यक्ष, विष्णुकांत पांडेय जी के जिला प्रचार मंत्री अउरी जय प्रकाश जी के जिला  के पद पर मनोनीत कईल गईल। राष्ट्रीय अध्यक्ष राकेश पांडेय जी अपना उदबोधन में कार्यकर्ता में एगो नया ऊर्जा अउरी हिम्मत के साथ हिंदू समाज के एगो करे के अपील कईल गईल। साथ ही अपना क्षेत्र के निराश्रित असहाय अउरी अइसन व्यक्ति जिनकरा शासन के मंशा के अनुरूप लाभ ना मिल पाईल उनकरा ख़ातिर उनकरा साथ कार्य करे पर विशेष बल दिहल गईल। उक्त कार्यक्रम में राष्ट्रीय अध्यक्ष द्वारा जनपद में कोरॉना काल में सक्रिय भूमिका निभा रहल पत्रकारन के कोरोना योद्धा प्रमाण पत्र से सम्मानित कईल गईल। कार्यक्रम के हनुमान प्रसाद मिश्र, आनंद शुक्ला, श्यामध्यान पाठक अउरी आलोक रंजन मिश्र द्वारा संबोधित कईल गईल। कार्यक्रम में विशिष्ट अतिथि के रूप में श्री राजू मणि, प्रतिनिधि मा देवेंद्र प्रताप सिंह अउरी डॉ सौरभ श्रीवास्तव समाजसेवी उपस्थित रहले।

Post a Comment

0 Comments