विज्ञापन

देवरिया : अनियंत्रित होके ट्रक एगो कच्चा मकान में घुसल, दु लोगन के मौत, तीन गो अन्य गंभीर रूप से घायल।

देवरिया : अनियंत्रित होके ट्रक एगो कच्चा मकान में घुसल, दु लोगन के मौत, तीन गो अन्य गंभीर रूप से घायल।

जिला में बुध के सुबह बड़ हादसा हो गईल, ईहां सदर कोतवाली थाना क्षेत्र के रघवापुर गांव के पास अनियंत्रित ट्रक एगो कच्चा मकान में घुस गईल। हादसा में मकान में सुतल दु लोगन के मौका पर ही मौत हो गईल। जबकि तीन लोग गंभीर रूप से घायल हो गइले। एहमें से दु लोग के हालत नाजुक देख डॉक्टर लोग मेडिकल कॉलेज गोरखपुर ख़ातिर रेफर कर दिहले। पुलिस शव के पोस्टमार्टम ख़ातिर भेज दिहलस।

जानकारी के अनुसार, सदर कोतवाली के देवरिया कसया मार्ग पर रघवापुर गांव के पास सुबह करीब 7:30 बजे मिथुन कुमार के कच्चा मकान में गिट्टी लदल ट्रक अनियंत्रित होके घुस गईल। घर में सुतल वीरू (15) पुत्र मिथुन, भोलू (19) पुत्र जितेंद्र के मौका पर मौत हो गईल। जबकि सनी (07) पुत्र जितेंद्र, माया (17), ज्योति पुत्री मिथुन गंभीर रूप से घायल हो गईल लोग। घटना के बाद आसपास के लोगन के भीड़ जुट गईल। लोग पुलिस के सूचना दीहल।

Post a Comment

0 Comments