विज्ञापन

कुशीनगर : बाइक के चपेट में आके बुजुर्ग के मौत।

कुशीनगर : बाइक के चपेट में आके बुजुर्ग के मौत।

जिला के अहिरौली बाजार थाना क्षेत्र के पिपराइच-हाटा मार्ग स्थित खोठ्ठा चौराहा के पासे बिअफे के एगो 70 वर्षीय बुजुर्ग बाइक के चपेट में आके गंभीर रूप से घायल हो गईल। सूचना पे पहुंचले परिजन बुजुर्ग के पिपराइच सीएचसी ले गईले। जहां डॉक्टर ने उनकरा के मेडिकल कॉलेज रेफर कई दिहलस। मेडिकल कॉलेज पहुंचला पे उहा के डॉक्टर बुजुर्ग के मृत घोषित कई दिहले। सूचना पे पहुंचल पुलिस  बाइक के कब्जा में लेके थाना ले गईल।

थाना क्षेत्र के गांव सिहुलियां टोला अकटहिया निवासी रामरेखा यादव (70) खोठ्ठा चौराहा पे कबाड़ के दुकान संचालित करे ले । उ चाय पीए जात रहले  तभ ही पिपराइच के तरफ से आवत रहल पिपराइच थाना क्षेत्र के महुअवा निवासी नागेंद्र के बाइक के चपेट में आके गंभीर रूप से घायल हो गईले। सूचना पे पहुंचले परिजन  रामरेखा के पिपराइच सीएचसी ले गईले । जहां डाक्टर प्राथमिक उपचार कई के  उनकरा के गोरखपुर मेडिकल कॉलेज रेफर कई दिहले। मेडिकल कॉलेज पहुंते ही डॉक्टर  रामरेखा यादव के मृत घोषित कई दिहले। सूचना पे पहुंचल अहिरौली बाजार पुलिस  बाइक के कब्जा में ले लिहलस । एह संबंध में एसओ अहिरौली बाजार विवेकानंद यादव  बतवले कि दुर्घटना के सूचना पे पुलिस पहुंच गईल रहल। शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम के खातिर भेज के विधिक कार्रवाई कई जाता ।

Post a Comment

0 Comments