विज्ञापन

मिस यूनिवर्स 2021, के ताज भारत के हरनाज संधू के मिलल।

मिस यूनिवर्स 2021, के ताज भारत के हरनाज संधू के मिलल।

 70वां मिस यूनिवर्स पेजेंट एह साल 12 दिसंबर के इजराइल में भइल। एह प्रतियोगिता के प्रीलिमिनरी स्टेज में 75 से ज्यादा खूबसूरत अउरी प्रतिभाशाली महिला लोग ने भाग लिहल। लेकिन टॉप 3 में तीन देश के महिला लोग जगह बनावल एहमें से एगो भारत के हरनाज संधू भी रहली। हालांकि दुनों साउथ अफ्रीका अउरी Paraguay के पीछे छोड़त भारत के हरनाज संधू ब्रह्माण्ड सुंदरी के ताज अपना नाम कई लिहली। एह समारोह के हिस्सा बने भारत से दिया मिर्जा भी पहुंचल रहली। उर्वशी रौतेला एह बार Miss Universe 2021 के कॉन्टेस्ट के जज कइली।

पंजाब के चंडीगढ़ के रहे वाली हरनाज संधू पेशा से एगो मॉडल बाड़ी। 21 साल के हरनाज मॉडलिंग अउरी कई पेजेंट में हिस्सा लेबे अउरी जीत हासिल करे के बावजूद भी पढ़ाई पर पूरा ध्यान दिहली। हरनाज साल 2017 में मिस चंड़ीगढ़ के खिताब जीतल रहली। एकराबाद उ मिस मैक्स इमर्जिंग स्टार इंडिया के खिताब अपना नाम कइली। ई दुगो प्रतिष्ठित खिताब अपना नाम कइला के बाद हरनाज मिस इंडिया 2019 में हिस्सा लिहली अउरी तब उ टॉप 12 तक पहुंची रहली। मॉडलिंग के साथ-साथ हरनाज एक्टिंग में भी कदम रख चुकल बाड़ी। हरनाज के पास दुगो पंजाबी फिल्म ‘यारा दियां पू बारां’ अउरी ‘बाई जी कुट्टांगे’ बा।

 मिस यूनिवर्स प्रतियोगिता में भारत  दु बार आपन जगह बनावले रहल। हरनाज भारत के तीसरकी मिस यूनिवर्स बाड़ी। साल 1994 में सुष्मिता सेन भारत के प्रतिनिधित्व कइले रहली, अउरी उ एह ताज के हासिल कइले रहली। ओहीजे, साल 2000 में लारा दत्ता एह ताज पर आपन नाम दर्ज कराइले रहली।

Post a Comment

0 Comments