विज्ञापन

विधानसभा चुनाव 2022 : अयोध्या से ना, गोरखपुर सदर से योगी आदित्यनाथ त सिराथू से केशव प्रसाद मौर्य चुनाव लड़ीहें, देखी भाजपा के पहिलका अउरी दुसरका चरण के प्रत्याशीन के लिस्ट।

विधानसभा चुनाव 2022 : अयोध्या से ना, गोरखपुर सदर से  योगी आदित्यनाथ त सिराथू से केशव प्रसाद मौर्य चुनाव लड़ीहें, देखी भाजपा के पहिलका अउरी दुसरका चरण के प्रत्याशीन के लिस्ट।


      गोरखपुर : भारतीय जनता पार्टी  अपना फायर ब्रांड नेता योगी आदित्यनाथ के अयोध्या से ना, बल्कि गोरखपुर सदर से चुनाव लड़ावे के घोषणा कर दीहलस। केंद्रीय मंत्री धर्मेंद्र प्रधान अउरी भाजपा के राष्ट्रीय महामंत्री अरूण सिंह पहीला अउरी दूसरा चरण ख़ातिर प्रत्याशिन के सूची जारी कर दीहले। पहीला चरण में 57 अउरी दुसरका चरण के 48 सीट के प्रत्याशियलन के नाम के घोषणा कई दीहल गईल। हालांकि एकरा पहीले योगी आदित्यनाथ के अयोध्या से चुनाव लड़े के बात सामने आईल रहल। अब पार्टी अंतिम मुहर लगावत ई स्पष्ट कई दिहलस कि योगी आदित्यनाथ गोरखपुर से ही चुनाव लड़ीहें। योगी के अयोध्या से चुनाव लड़ला पर कई राजनैतिक दल के नेता  एकरा के राममंदिर से जोड़त रहले। बहरहाल योगी आदित्यनाथ अपना ही शहर से पहीली बार विधानसभा चुनाव लड़ीहें। अइसना में अब तक ईहां के सीट से विधानसभा चुनाव लड़त रहले डॉ. राधामोहन दास अग्रवाल कहां से टिकट पाइहें, ई देखे के बात होई। एकरा अलावा पार्टी उप मुख्यमंत्री के केशव प्रसाद मौर्या के सिराथू से आपन  प्रत्यासी बनवलस।

देखी पूरा लिस्ट👇











Post a Comment

0 Comments