विज्ञापन

कुशीनगर : टेम्पू अनियंत्रित होके पलटल, एक के मौत, तीन लोग गम्भीर रूप से घायल।

कुशीनगर : टेम्पू अनियंत्रित होके पलटल, एक के मौत, तीन लोग गम्भीर रूप से घायल।

जिला के विशुनपुरा थाना क्षेत्र के ग्राम सभा बड़हरा चौराहा के पासे सोमार के सुबह तकरीबन साढ़े नौ बजे एगो टेम्पू अनियंत्रित होके पलट गईल। टेंपो में आठ लोग सवार रहले। हादसा में एगो के मौत हो गईल । जबकि तीन लोग गंभीर रूप से घायल हो गईले। घायलन के दुदही सीएचसी ले जाई गईल। जहां डॉक्टर  एगो के हालत गंभीर बतावत  जिला अस्पताल रेफर कई दिहले। सूचना पे पहुंचल पुलिस  शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम के खातिर भेज दिहलै। एह घटना के मृतक के घर  मातम छा गईल बा।जानकारी के अनुसार, सोमार के सुबह आठ यात्रियन के लेके एगो टेंपो बलुआ (बिहार) से दुदही के तरफ आवत रहले । अभी पडरौना-सेवरही मार्ग पे विशुनपुरा थाना क्षेत्र के बड़हरा चौराहा के पास पहुंच ही रहले कि सामने से गुजर रहल एगो बच्चा के बचावे के चक्कर में अनियंत्रित होके पलट गईल। हादसा में टेंपो में बैठल भीतहां थाना क्षेत्र के मलाही चनरपुर निवासी अशर्फी चौधरी (65) के मौका पे ही मौत हो गईल। जबकि टेंपो चालक ग्राम ठकरहां (बिहार) निवासी ठग (50), चनरपुर मलाही निवासी सुरेश चौधरी (65) अउरी उनकी पत्नी पनवा देवी (55) गंभीर रूप से घायल हो गईली। सूचना पे पहुंचल विशुनपुरा पुलिस शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम के खातिर भेज दिहलस अउरी घायलन के दुदही सीएचसी भेजवइलस। उहा डॉक्टर  टेंपो चालक ठग के हालत गंभीर देखत जिला अस्पताल रेफर कई दिहले। टेंपो में सवार अन्य लोग ठीक बतावल  जात बाड़े।

Post a Comment

0 Comments