विज्ञापन

कुशीनगर : क्रशर में फंसिके किशोर के मौत, मचल कोहराम।

कुशीनगर : क्रशर में फंसिके किशोर के मौत, मचल कोहराम।

जिला के कुबेरस्थान थानाक्षेत्र के बतरौली गांव निवासी किशोर के गला में लागल गमछा क्रशर में फंसला  से सोमर सुबह मौत हो गईल। एहसे परिवार में कोहराम मच गईल। कुछ देर बाद परिजन ने शव के अंतिम संस्कार कर दिहले। बतरौली गांव निवासी पारस के 15 वर्षीय पुत्र विवेक सोमार के सुबह करीब पांच बजे गांव के ही कवनो व्यक्ति के गन्ना क्रशर पर गन्ना के रस पीए गईल रहे। गन्ना के रस लेवे  के दौरान अचानक उनकर पैर फिसल गईल आ अनियंत्रित होके चलते क्रशर पर गिर गइले। एहसे उनकर गला में लागल गमछा क्रशर में फंस गईल। हालांकि, उहां मौजूद क्रशर स्वामी  इंजन बंद कर दिहले लेकिन एकरा से पहिलही गमछा से गला कस चुकल रहे अउर मौका पर ही  उनकर मौत हो गईल। मौका पर मौजूद लोग एकर सूचना परिजन के दीहले। रोअत-बिलखत पहुंचल परिजन किशोर के शव घरे ले गइले ।कुछ देर बाद परिजन किशोर के शव के अंतिम संस्कार कर दिहले।

Post a Comment

0 Comments