विज्ञापन

देवरिया : अज्ञात वाहन के चपेट में आके महिला के मौत, परिवार में मचल कोहराम।

देवरिया : अज्ञात वाहन के चपेट में आके महिला के मौत, परिवार में मचल कोहराम।

जिला के खुखुंदू क्षेत्र में सड़क पार करत रहल एगो वृद्ध महिला के सोमार के सुबह वाहन के ठोकर लगला से मौत हो गईल। घटना के बाद ठोकर मारे वाला चालक वाहन समेत फरार हो गईल।खुखुंदू के रहे वाली शकुंतला देवी (60) पत्नी गिरीश चंद्र जायसवाल सुबह सड़क पार कई के विद्युत सब स्टेशन में आपन पालतू पशु के पासे जात रहले । ओही दौरान देवरिया से सलेमपुर के तरफ जात रहल एगो तेज गति अज्ञात वाहन  उनकरा के टक्कर मार दीहलस । महिला गंभीर रूप से घायल हो गईल। दूसरा ओर आपन पत्नी के विद्युत सब स्टेशन में पति गिरीश चंद जायसवाल आवे के इंतजार करत रहले । देर होखत देख वापस देखे के खातिर पहुंचले त शकुंतला सड़क पे घायल अवस्था में गिरल पड़ल रहली ।इ  देख के उ रोवे चिल्लाए लगले । उनकर बेटा सुनील अउरी परिवार के सदस्य  इलाज के खातिर टेंपो से जिला चिकित्सालय पे ले गईले। जहां महिला के चिकित्सक  मृत घोषित कई दिहले।

Post a Comment

0 Comments