विज्ञापन

कुशीनगर : शादी के घर मे मातम, कुँवा में गिरके 13 महिला, बच्चीन अउरी युवतीन के मौत, कईगो के हालत गंभीर।

कुशीनगर : शादी के घर मे मातम, कुँवा में गिरके 13 महिला, बच्चीन अउरी युवतीन के मौत, कईगो के हालत गंभीर। 

जिला के नेबुआ नौरंगिया थाना क्षेत्र के नौरंगिया गांव में बुध के देर रात हल्दी के मटकोड़ के रस्म के दौरान 20 से अधिक महिला, युवति अउरी बच्चा भरभराके कुआँ में गिर गईल लोग। एह हादसा में 13 महिला, युवती अउरी बच्चिन के मौत हो गईल। दुगो के पहचान ना हो सकल। घटना के बाद गांव में मातम छा गईल। शादी वाला घर में चीख-पुकार मच गईल। सूचना पर पुलिस आईल अउरी आसपास के लोगन के साथ मिलके सबके कुआँ से निकललस। गांव से जिला अस्पताल तक हाहाकार मचल रहल। कमिश्नर, डीआईजी, डीएम, एसपी मौका पर पहुंचके राहत-बचाव कार्य के जानकारी लीहले। साथ ही पीड़ित परिवार के हर संभव मदद दिलावे के भरोसा दिलावले।

जानकारी के मुताबिक, नौरंगिया गांव के स्कूल टोला निवासी परमेश्वर कुशवाहा के बेटा अमित कुशवाहा के शादी तय बा। बुधवार के देर रात हल्दी के रस्म अदा कईल जात रहल। घर से करीब 100 मीटर दूर स्थित कुआँ के सामने मटकोड़ के कार्यक्रम चलत रहल। जवना कुआँ के पास कार्यक्रम चलत रहल, ओकरा के आरसीसी स्लैब बनाके बंद कईल गईल रहे। रस्म अदायगी के दौरान बड़ संख्या में महिला, युवती अउरी बच्चि कुआँ पर बनल स्लैब पर जाके खड़ा हो गईल लोग। अचानक स्लैब टूट गईल अउरी ओह पर खड़ा महिला, युवति अउरी बच्चि कुँवा में समा गईंली। कुआं काफी गहरा रहल। पानी भी भरल रहल। एह घटना के बाद चीख-पुकार मच गईल। आसपास के लोग  राहत-बचाव शुरू कइलस, लेकिन अंधेरा होखला के वजह से कवनो खास सफलता ना मिल सकल। 

एह बीच कवनों व्यक्ति बड़ घटना के सूचना पुलिस के दीहल। दल-बल के साथ आइले पुलिस कर्मि  राहत-बचाव कार्य तेज कईल। जवना लोगन के कुवां से बाहर निकालल गईल, ओह सबके जिला अस्पताल ले गईल गउवे। डॉक्टर लोग परीक्षण कईल अउरी 13 लोगन के मृत घोषित कर दिहले। सबके शव जिला अस्तपाल के मोर्चरी के पास रखल गईल। ई देखके हर केहु रोवे लागल। एक साथ 13 शव देखके सबके रूह कांप गईल।

एह महिला अउरी युवतिन मौत के पुष्टि भइल

1- पूजा यादव (20) पुत्री बलवंत

2- शशिकला (15) पुत्री मदन

3- आरती (13) पुत्री मदन

4- पूजा चौरसिया (17) पुत्री राम बड़ाई

5- ज्योति चौरसिया(10) राम बड़ाई

6- मीरा (22) पुत्री सुग्रीव

7- ममता (35) पत्नी रमेश

8- शकुंतला(34) पत्नी भोला

9-परी (20) पुत्री राजेश

10- राधिका (20) पुत्री महेश कुशवाहा

11- सुंदरी (9) पुत्री प्रमोद कुशवाहा


घटना के बाद गांव के प्रिंस अउरी रविशंकर समेत कई लोग अपना जान के परवाह ना कइले अउरी अंधेरा के बीच गहरा कुएं में उतर गइले। एक एक कईके महिला, युवती अउरी बच्चीन को बाहर निकालल शुरू कइले। छव लोगन को बाहर निकाल जा सकल लोग। एह बीच पुलिस भी आ गईल। ग्रामीणन के अनुसार पुलिस अउरी मौजूदगी में 23 महिला, युवती अउरी बच्चियन के कुवां से बाहर निकालल गईल। कई घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गईल। एह सबके इलाज चल रहल बा। डॉक्टरन के मुताबिक कइ लोगन के हालत गंभीर बनल बा।


Post a Comment

0 Comments