विज्ञापन

कोरोना के तिसरका लहर के कम होत प्रभाव के देखत नर्सरी से लेके सभ स्कूल/कॉलेज 14 फरवरी से खुलिहें स।


उत्तर प्रदेश : कोरोना के तिसरका लहर के कम होत प्रभाव के देखत नर्सरी से लेके सभ स्कूल/कॉलेज 14 फरवरी से खुलिहें स।

उत्तर प्रदेश में कोरोना के तीसरका लहर के कम होत प्रभाव के साथ ही स्कूलन के खोले के फ़ैसला हो गईल। शासन के एह फैसला से ना सिर्फ स्कूल संचालक लोगन के राहत मिली, बल्कि बच्चन के भी बंद कमरा से खला आसमान के खुशनुमा माहौल मिली। कोरोना वायरस संक्रमण के तीसरका लहर अउरी भीषण ठंड के कारण 04 जनवरी से स्कूलन में शिक्षण कार्य बंद रहल। एहसे पहीले शासन द्वारा 07 फरवरी से कक्षा नौ से लेके डिग्री कालेजन के खोले के फैसला जारी कईल गईल रहे। अभी तक ईहां आनलाइन कक्षा चलत रहल, लेकिन अब कोरोना प्रोटोकाल के पालन करत  भौतिक रूप से कक्षा शुरू कईल जाई।

Post a Comment

0 Comments