विज्ञापन

विधानसभा चुनाव 2022 रिजल्ट : मोदी लहर बरकार, UP सहित चार राज्य में फिर से भाजपा सरकार। पंजाब में AAP के सरकार।

विधानसभा चुनाव 2022 रिजल्ट : मोदी लहर बरकार, UP सहित चार राज्य में फिर से भाजपा सरकार। पंजाब में AAP के सरकार।

उत्तर प्रदेश के साथ साथ उत्तराखंड, मणिपुर अउरी गोआ में भाजपा ऐतिहासिक वापसी के साथ 2024 लोकसभा चुनाव के सेमीफाइनल मानल जाए वाला ई 2022 के विधानसभा चुनाव में जीत दर्ज कइलस।

10 मार्च के आईल विधानसभा चुनाव परिणाम में उत्तरप्रदेश में BJP गठबंधन के 273, सपा गठबंधन के 125, कांग्रेस के 2, जनसत्ता दल के 2 अउरी BSP के 1 सीट पर जीत मिलल। एहि तरह से उत्तराखंड में BJP के 47, कांग्रेस के 19, BSP के 2 अउरी अन्य के 2 सीट पर जीत मिलल त ओहीजे मणिपुर में BJP के 32, कांग्रेस के 5, JDU के 6, NPP के 7 अउरी अन्य के 10 सीट पर जीत मिलल। गोआ में BJP के 20, कांग्रेस के 11, MGP के 2, AAP के 2 अउरी अन्य के 5 सीट पर जीत मिलल।

ओहीजे पंजाब में आम आदमी पार्टी के प्रचंड जीत मिलल, जवना में AAP 92 सीट पर जीतल कांग्रेस 18 पर, शिरोमणि अकाली दल 4 पर, BJP 2 सीट पर अउरी अन्य 1 सीट पर  विजय प्राप्त कइलस।

एह बड़ जीत पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी कहनी कि सीमा से सटल एगो पहाड़ी राज्य, एगो समुद्र तटीय राज्य, मां गंगा के विशेष आशीर्वाद प्राप्त एगो राज्य अउरी पूर्वोत्तर के एगो राज्य, भाजपा के चारों दिशा से आशीर्वाद मिलल बा। 








Post a Comment

0 Comments