विज्ञापन

होली के अवकाश के लेके बलिया अउरी देवरिया जिलाधिकारी कइले भ्रम दूर, अब जानी कहिया रही अवकाश।

होली के अवकाश के लेके बलिया अउरी देवरिया जिलाधिकारी कइले भ्रम दूर, अब जानी कहिया रही अवकाश।

बलिया - उत्तर प्रदेश शासन,के सामान्य प्रशासन अनुभाग के विज्ञप्ति संख्या / तीन-2022-39(2) / 12 टीसी लखनऊ दिनांक 16 मार्च 2022 के द्वारा उत्तर प्रदेश शासन सामान्य प्रशासन अनुभाग के विज्ञप्ति संख्या-514/ तीन-2021-39(2)/2016 दिनांक 20.10.2021 द्वारा वर्ष 2022 खातिर निगोशिएबुल इन्स्ट्रूमेन्ट एक्ट 1881 के अधीन सार्वजनिक अवकाश घोषित कइल गईल बा। एह में दिनांक 18 मार्च, 2022 के होली के अवकाश घोषित बा। उत्तर प्रदेश में 18 मार्च 2022 के साथे-साथे दिनांक 19 मार्च 2022 के भी होली के त्योहार मनावल जाई। एह स्थिति में निगोशिएबुल इन्स्ट्रूमेन्ट एक्ट 1881 के अधीन दिनांक 19 मार्च, 2022 (शनिचर) के भी होली के सार्वजनिक अवकाश घोषित कइल गईल बा- इन्द्र विक्रम सिंह, डीएम बलिया

देवरिया - जिलाधिकारी आशुतोष निरंजन  बतावले कि निगोशिएबल इंस्ट्रूमेंट एक्ट- 1881 के अंतर्गत दिनांक 18 मार्च 2022 के होली के अवकाश घोषित बा।  जनपद में 18 मार्च के साथ-साथ 19 मार्च के भी होली के त्योहार मनावल जाई। शासन द्वारा प्राप्त निर्देश के क्रम में निगोशिएबल इंस्ट्रूमेंट एक्ट-1881 के अधीन दिनांक  18 मार्च के साथ-साथ 19 मार्च (शनिवार) के भी होली के सार्वजनिक अवकाश घोषित कईल जाता।

Post a Comment

0 Comments