विज्ञापन

कुशीनगर में टॉफी खइला से चार बच्चन के मौत, जहरीला पदार्थ मिलल होखे के आशंका।

कुशीनगर में टॉफी खइला से चार बच्चन के मौत, जहरीला पदार्थ मिलल होखे के आशंका।

जिला में चार बच्चन के टॉफी खइला से मौत हो गईल। टॉफी में जहरीला पदार्थ मिलला के आशंका बा। घटना पर उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ने भी संज्ञान लिहनी अउरी अधिकारिन के दिशा-निर्देश दिहनी।

बतावल जाता कि कुशीनगर के कसया थाना इलाका के कुड़वा उर्फ़ दिलीपनगर गांव के सिंसई लठउर टोला में आजु सुबह तकरीबन सात बजे टॉफी खइला से चार मासूम बच्चन के मौत हो गईल। टॉफी के अलावा नौ रुपया गठरी में मिलल बा। टॉफी गीला रहल। टॉफी में कवनों जहरीले पदार्थ के मिलावट के आशंका बा। 

बतावल जा रहल बा कि मृतकन में रसगुल नाम के शख्स के तीन बच्चा मंजना (7), स्वीटी (5), समर (3) अउरी रसगुल के बहन खुशबू के बेटा आयुष (5) शामिल बड़े, जवन टॉफी खइला से बेहोश हो गइले। मौका पर पहुंचल पुलिस अउरी तहसीलदार मांधाता प्रताप सिंह बच्चन के सीएचसी भिजवाइले, जहां चिकित्सक मासूम बच्चन के हालत गंभीर देख जिला अस्पताल रेफर कई दिहले। उँहा ले जाते समय रास्ता में चारों के मौत हो गईल। परिजन तीन लोगन पर हत्या करे के आरोप लगा रहल बाड़े। टॉफी के रैपर पर गोल्ड आलमंड चाकलेट डिलाइट लिखल बा। सीओ कसया पीयूष कांत राय  बतावले कि घटना के जानकारी मिलल बा। टॉफी खइला से बच्चन के मौत के जानकारी भइल बा। जांच पड़ताल चल रहल बा।

ओहीजे, मामला में उत्तर प्रदेश के कार्यवाहक मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी बच्चन के टॉफी खाये से भइल दुर्घटना के संज्ञान लिहनी उहाँ का डीएम अउरी सीएमओ के तत्काल मौका पर जाये के कहनी। उहाँ का घटना पर दुःख व्यक्त करत पीड़ित परिवार के तत्काल सहायता  दिहल जाये अउरी जांच के बाद रिपोर्ट उपलब्ध करावे के भी निर्देश दिहनी।

Post a Comment

0 Comments