विज्ञापन

योगी आदित्यनाथ जी लिहनी मुख्यमंत्री पद के शपथ, पीएम मोदी समेत कईगो भाजपा के राष्ट्रीय नेता समारोह में रहले मौजूद।

योगी आदित्यनाथ जी लिहनी मुख्यमंत्री पद के शपथ, पीएम मोदी समेत कईगो भाजपा के राष्ट्रीय नेता समारोह में रहले मौजूद।

योगी आदित्यनाथ जी आजु उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री के पद के शपथ लीहनी। लखनऊ के अटल बिहारी वाजपेयी इकाना क्रिकेट स्टेडियम में बड़ समारोह में राज्यपाल आनंदीबेन पटेल योगी आदित्यनाथ जी के पद अउरी गोपनीयता के शपथ दिलवनी। योगी आदित्यनाथ लगातार दूसरका बार उत्तर प्रदेश के सीएम बनल बानी। शपथ ग्रहण समारोह में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, रक्षामंत्री राजनाथ सिंह, गृहमंत्री अमित शाह, भाजपा शासित राज्यन के मुख्यमंत्री अउरी भाजपा के कईगो बड़ नेता शामिल भईले। गोरखपुर शहर सीट से भाजपा विधायक योगी आदित्यनाथ के शुक्रवार के भारतीय जनता पार्टी विधायक दल का नेता चुनल गईल रहले जवना के बाद उ राज्यपाल आनंदीबेन पटेल से मुलाकात कई सरकार बनावे के दावा पेश कइले रहलव। एकरा बाद आज उनकर शपथ ग्रहण भइल।

लगातार दूसररखा बार बनले सीएम 10 मार्च में आईल उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव के नतीजन में भाजपा राज्य में भारी बहुमत हासिल कइलस। जवना के बाद योगी आदित्यनाथ लगातार दूसरका बार उत्तर प्रदेश के सीएम बनल बाड़े। 2017 में भाजपा के जीत के बाद पहीला बार योगी आदित्यनाथ यूपी के सीएम बनल रहले। पांच साल के कार्यकाल पूरा कइला के बाद एक बार फिर उनकरा के ई पद मिलल बा।

योगी जी दूसरका बार सीएम पद के शपथ लीहले। एकरा बाद केशव मौर्य अउरी बृजेश पाठक डिप्टी सीएम पद के शपथ लीहले। फेर 50 गो अउरी मंत्री शपथ लीहले। कुल 52 सदस्यीय मंत्रिमंडल में 18 कैबिनेट, 14 स्वतंत्र प्रभार अउरी 20 राज्य मंत्री बाड़े। पूर्व डिप्टी सीएम दिनेश शर्मा, श्रीकांत शर्मा, सतीश महाना, मोहसिन रजा समेत पिछला सरकार के 20 मंत्रिन के एह सरकार में जगह नइखे मिलल।

देखी पूरा मंत्री लोगन के लिस्ट👇




Post a Comment

0 Comments