विज्ञापन

देवरिया : भागलपुर पुल से युवती के कूदे के आशंका, जून तय रहल हा बियाह।

देवरिया : भागलपुर पुल से युवती के कूदे के आशंका, जून तय रहल हा बियाह।

जिला के भाटपाररानी के साधना कुशवाहा (25)  बिअफे के दुपहरिया में बलिया जिला के उभांव थाना क्षेत्र के भागलपुर पुल से सरयू नदी में छलांग लगा दीहली। उभांव थाना पुलिस  मौका पे पहुंचके जांच पड़ताल कइलस। थाना प्रभारी मदनलाल  बतवले कि भागलपुर पुल पे फुटपाथ से युवती के बैग, मोबाइल अउरी चप्पल मिलल बा। बैग से पुलिस के एगो सुसाइड नोट भी बरामद कइले बिया। सूचना मिलते  युवती के पिता जयप्रकाश कुशवाहा भी मौका पे पहुंच अउरी बैग अउरी अन्य सामान के पहचान के बाद फूट-फूटके रोवे लगले। साधना कुशवाहा पुत्री जयप्रकाश कुशवाहा निवासी ग्राम भठवा तिवारी भाटपाररानी देवरिया के पांच जून के तिलक अउरी आठ जून के शादी होखे के रहे । लेकिन बिअफे के सुबह ही युवती घर से निकल गईल। उ स्वजन के बतवलस कि उ भटनी स्थित बहादुर यादव डिग्री कालेज से आपन एमए के सर्टिफिकेट (अंकपत्र) लेवे जात बानी। लेकिन दुपहर बाद करीब चार बजे उनकर बैग संदिग्ध हालत में भागलपुर पुल पे मिलल। जवना उ अपना पता, पिता, भाई के मोबाइल नंबर अंकित करत बकायदा सुसाइड नोट लिखली कि उ आपन घरवाला के धोखा दिहले बानी। उनकर सुसाइड नोट के पुलिस जांच करत बिया। कुछ लोग युवती के नदी में कूदत  देखे के दावा कइले। जबकि पुलिस मामला के विभिन्न नजरिए से जांच करत बिया। पुलिस देर शाम तक परिजन के साथे भागलपुर पुल के समीप सरयू नदी के किनारा नदी के जलस्तर के जायजा लेत रहल अउरी आसपास के लोगन से युवती के कूदेअउरी नदी किनारा कहीं डूबे के लेके पूछताछ करत बिया। 

Post a Comment

0 Comments